एसईई परीक्षा पास कईल ७० जने विद्यार्थीलोग सम्मानित

बारा ०६ सावन
बारा के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ५ बहुअरी टोल मे आजु ई बरीस एसईई परीक्षा पास कईल ७० जने विद्यार्थीलोग के एगो कार्जक्रम के बीच सम्मान कईल बा ।
स्वच्छ समाज युवा क्लब के आयोजना मे भईल कार्जक्रम मे सम्मानित होखेवाला विद्यार्थीलोग सन्ध्या साह, हिमांशु कुमार यादव, अञ्जली कुमारी पटेल, करिश्मा कुमारी पटेल, सोनु कुमार श्रीवास्तव,पुष्पा कुमारी राम, मन्दिप यादव लगायत रहल बाडन ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथी समाज सेवी डाक्टर शिवशंकर यादव सम्मानीत विद्यार्थीलोग के अगामी भविष्य के शुभकामना देत अल्बर्ट आइंस्टाईन जईसन बनेमे सफल होखस कहके शुभकामना देहले रहनी । उ शिक्षा के साथे समाज मे भी सेवा करे खातिर विद्यार्थीलोग के निहोरा कईले रहनी ।
कार्जक्रम मे समाज सेवी तथा खेलकुद प्रेमी शिवशंकर पटेल, वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष रामेश्वर साह कालवार, परवानीपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष पद के प्रत्यासी युवा नेता सञ्जु साह, नेपाल बार एसोसिएसन के केन्द्रीय उपाध्यक्ष रामचन्द्र सिंह, प्रोफेसर किशोरी राम, वार्ड सदस्य दारा सिंह पटेल, शिक्षा बिद्ध डाक्टर प्रमोद यादव, अर्जुन पटेल, जितेन्द्र कुमार वर्मा, डाक्टर अजय यादव, इलाका प्रहरी कार्यालय सिरिसिया के इन्चार्ज तेज प्रताप सिंह, रामजी सिंह, सुरेन्द्र पटेल, नेकपा माओवादी केन्द्र के नेता लालबहादुर पटेल लगायत के लोग विद्यार्थीलोग के बधाई देत उज्जवल भविष्य के कामना कईले रहलन ।
क्लब के अध्यक्ष भूपेन्द्र पटेल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे क्लब के उपाध्यक्ष उमेश साह, कोषाध्यक्ष मुर्तुजा आलम, सदस्यलोग सरोज यादाव, प्रमोद यादव, अखिल पटेल, सन्दिप यादव, रोहित यादव, रञ्जित साह लगायत के सहभागीता रहल रहे । क्लब के सदस्य आनन्द पटेल से स्वागत कईल कार्जक्रम के सञ्चालन क्लब के सचिव त्रिलोक प्रताप सिंह कईले रहनी ।





