केयू आ मधेश विश्वविद्यालय बीच सम्झौता

काठमाण्डु ९ सावन
काठमाण्डु विश्वविद्यालय आ मधेश विश्वविद्यालय बीच संयुक्त रुप मे शैक्षिक कार्जक्रम चलावेके सम्झौता भईल बा ।
मंगर के दिने भईल सम्झौता मे ई दु विश्वविद्यालय बीच स्नातक तह मे पब्लिक एड्मिनिस्ट्रेसन, व्यवस्थापन आ स्नातकोत्तर तह मे फेडेरल गभरनेन्स आ पब्लिक एड्मिनिस्टे«सन कार्जक्रम संयुक्त रुप मे सञ्चालन करेके सहमति भईल बा ।
उ सहकार्य से दुनु संस्था के शैक्षिक अनुसन्धान के उत्कृष्ट आ प्रभावकारी बनावे खातिर मद्धत पुगेके काठमाण्डु के उपकुलपति भोला थापा बतवनी ।
ई सम्झौता से आउर सहकार्य के रास्ता खुलला के साथे स्वदेशी ज्ञान आदानप्रदान संस्कृति के विकास करेके भी बतवनी । उ कहनी, ‘अनेकन सांस्कृतिक तथा भौगोलिक जगहा मे अवस्थित विश्वविद्यालयबीच ज्ञान के आदानप्रदान के अवसर मिलल आ आउर सहकार्य के रास्ता खुलल बा ।’





