बारा मे सावन मसान्त तक शत प्रतिशत रोपाइँ होखी

बारा १९ सावन
लम्हर समय से पर्याप्तमात्रा मे पानी ना परके सुखाड भईला पर भी बारा के कृषक इहे सावन मसान्त तक वर्षे धान रोपले बतवले बाडन ।
बारा कृषि ज्ञानकेन्द्र के प्रमुख जीतेन्द्रप्रसाद यादव के मुताविक वर्षे धान भदैया, अग्हनी करके कूल ४६ हजार २० हेक्टर जमिन मे धान रोपाइँ करेके लक्ष्य लेहला मे पर्याप्तमात्रा मे पानी ना परके सुखाड भईला पर भी भूमिगत सिँचाइ, गण्डक नहर, दमकल आ पैनी के पानी से इहे सावन मसान्त तक शतप्रतिशत धान रोपाइँ होखेके देखल गईल आ अभी तक करिब ८० प्रतिशत धान रोपाइँ भइल बा ।
उ केन्द्र के बाली संरक्षण अधिकृत राजनाराणप्रसाद साह ई बरीस भदैया धान ११ हजार ९०५ हेक्टर आ अग्हनी धान ३४ हजार हेक्टर जमिन मे करके कूल ४६ हजार २० हेक्टर जमिन मे वर्षे धान रोपाई होखेके उत्तरी क्षेत्र मे रोपाइँ पुरा भईल बा आ दक्षिणी क्षेत्र मे कुछ मात्रा मे धान रोपाइँ होखेके बाँकी रहल बतवनी ।
आव २०७९÷८० मे भदैया ११ हजार ९०५ हेक्टर, अग्हनी ३४ हजार ११२ हेक्टर समेत करके ४६ हजार २० हेक्टर जमिन मे वर्षे धानखेती कईल रहे ।






