मधेस प्रदेश मे घटत बा विद्युत् चोरी

वीरगंज २३ सावन

कउनो समय बहुते विद्युत् चुहावट होखेवाला मधेस प्रदेश मे पिछिलका समय निरन्तर चुहावट घटत गईल बा । आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे मात्र करिब एक प्रतिशत विद्युत् चुहावट घटल बा ।

विद्युत् चुहावट नियन्त्रण अभियान अन्तर्गत बन्सी लगावल नियन्त्रण, ग्राहकलोग के बिलिङ्ग मे सुधार, लम्हर समय से बन्द रहल मिटर बदलल आ विद्युत् रिडिङ्ग मे सुधार लगायत प्राधिकरण के प्रणाली सुदृढीकरण भईला सँगे निरन्तर विद्युत् चोरी घटत गईल बा ।

ई प्रदेश मे बितल आर्थिक बरीस २०७७÷७८ मे १६ दशमलव ५४ प्रतिशत विद्युत् चुहावट होत अईला मे आर्थिक बरीस २०७८÷७९ मे १४ दशमलव १७ प्रतशत आ आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे १३ दशमलव ७९ प्रतिशत मे चुहावट कम भईल जनकपुरधामस्थित विद्युत् प्राधिकरण मधेस प्रदेश प्रादेशिक कार्यालय जनवले बा ।

विद्युत् चुहावट के दृष्टिकोण से सब से बेसी सर्लाही के मलङ्गवा आ सिमरौनगढ क्षेत्र मे ४१÷४१ प्रतिशत, महोत्तरी के जलेश्वर, रौतहट के मौलापुर तथा गौर क्षेत्र मे ३५÷३५ प्रतिशत विद्युत् चुहावट होत आईल उ कार्यालय जनवले बा । औद्योगिक ग्राहक बहुते रहला से बारा के सिमरा वितरण केन्द्र के विद्युत् चुहावट शून्य दशमलव ३२ प्रतिशत रहल उहाँ प्रमुख ई मुनिन्द्र ठाकुर जानकारी देहनी ।

आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे विद्युत् चुहावट नियन्त्रण अभियान के समय मे छ हजार आठ सय ४८ ग्राहक उपर कारबाही कईला पर रु पाँच करोड २१ लाख ९३ हजार सात सय ३७ महसुल सङ्कलन भईल रहे । पिछिलका आर्थिक बरीस २०७८÷७९ मे विद्युत् चुहावट नियन्त्रण अभियान के समय मे छ हजार ९ सय ६७ ग्राहक उपर कारबाही कर्ईला पर रु छ करोड ६४ लाख ३२ हजार आठ सय ५८ महसुल सङ्कलन भईल ररहे । चुहावट नियन्त्रण अभियान के समय मे बन्सी लगावेवाला दु हजार आठ सय ४८ जने के पकडके कारबाही कईल रहे ।

एहितरे लम्हर समय से विद्युत् महसुल ना तिरेवाला २८ हजार ९ सय २३ जने ग्राहक के विद्युत् लाइन काटला से २४ हजार ९ सय ५५ ग्राहक फेनु विद्युत् जडान करावल आ ओकरा से रु ८५ करोड ३२ लाख ३१ हजार तीन सय ७० बक्यौता असुली भईल रहे । विद्युत् मिटर लेके बिजुली उपभोग करेके माकिर लम्हर समय तक महसुल ना बुझावेके प्रवृत्ति बढला से विद्युत् लाइन काटेके अभियान चलाके बक्यौता सङ्कलन कईल प्रमुुख ई ठाकुर के कहनाम रहे ।

आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे मधेस प्रदेश मे रु १५ अरब ३३ करोड मूल्य बराबर के विद्युत् बिक्री भईला पर रु १३ अरब ९३ करोड महसुल सङ्कलन भईल जनावल गईल बा । आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे ६१ हजार सात सय ६३ नयाँ ग्राहक थपाईल बाडन । एकरा सँगे मधेस प्रदेश मे ग्राहक के सङ्ख्या दश लाख ४४ हजार सात सय ८६ मेसे ५७ प्रतिशत औद्योगिक आ ३२ प्रतिशत गार्हस्थ्य ग्राहक, दु प्रतिशत व्यापारिक आ सात प्रतिशत आउर रहल जनावल गईल बा ।

एहितरे २०७८ साल से अनलाइन से विद्युत् महसुल बुझावेके अनलाइन सेवा सुरु कईल आ अभी २६ प्रतिशत अनलाइन महसुल तिरत आईल प्रमुख ई ठाकुर बतवनी ।

ई प्रदेश के शत्प्रतिशत गाँव बस्ती मे विद्युत् सेवा पुगल बा । प्रदेश के सभी टोल बस्ती मे विद्युत् सेवा पुगला सँगे मधेस प्रदेश के पूर्ण विद्युतीकरण प्रदेश घोषणा के तईयारी भईल बा । “आर्थिक बरीस २०७८÷७९ तक मधेस प्रदेश के ९९ प्रतिशत बस्ती मे विद्युत् सेवा पुगल रहे”, प्रमुख ई. ठाकुर कहनी, “विद्युतीकरण बाँकी रहल एक प्रतिशत घर मे आर्थिक बरीस २०७९÷८० मे पुगईल के बाद प्रदेश के शत्प्रतिशत बस्ती मे विद्युतीकरण पुगल बा ।” “अब कुछ दिन भितर हमनी प्रदेश के शत्प्रतिशत विद्युतीकरण प्रदेश घोषणा करेम”, उ कहनी । प्रदेश के सभी गाँव बस्ती मे विद्युतीकरण ओरईला के बाद सिँचाइ कार्जक्रम मार्फत किसानलोग खेतबारी तक विद्युत् पुगावेके अभियान सुरु कईल प्रमुख ई ठाकुर बतवनी ।

प्राधिकरण चालु आर्थिक बरीस से रु ५५ करोड बराबर के सिँचाइ पूर्वाधार कार्जक्रम के खातिर स्थानीय सरकारसब से भी सहकार्य करके सिँचाइ विद्युतीकरण सुरु कईले बा । जउना अन्तर्गत स्थानीय सरकार आपन पालिका भितर के किसान के निःशुल्क बत्ती देवेके आ सिँचाइ बत्ती महसुल बापत के रकम स्थानीय तह प्राधिकरण के बुझावेके व्यवस्था बा ।

अभी तक सिँचाइ पूर्वाधार कार्जक्रम के खातिर धनुषा, महोत्तरी, सर्लाही आ रौतहट जिल्ला के ८० स्थानीय तह निःशुल्क सिँचाइ बत्ती पुगावेके निर्णय करके पठावल आ आउर पालिकासब भी निर्णय करेके जानकारी करावल उ बतवनी । सिँचाइ मिटर प्रयोग करेवाला किसान के प्रतियुनिट रु दु के दर से मात्र महसुल तिरावेके नीति लेहल विद्युत् प्राधिकरण सिँचाइ विद्युतीकरण सुदृढीकरण कार्जक्रम के खातिर रु पाँच अरब बजेट छुट्यावल जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।