अदालत के आदेश के बाद कांग्रेस क्षेत्रीय सभापति सहाबुद्धिन महानगरपालिका के करोडो के जमिन फिर्ता कइलें

वीरगंज २८ सावन

नेपाली कांग्रेस के क्षेत्रीय सभापति महम्मद साहबुद्धिन सम्मानित अदालत के आदेश के बाद वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १० आदर्शनगर स्थित करोडो दाम के जमिन महानगरपालिका के फिर्ता कईले बाडन ।

नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सभाहल मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे पर्सा क्षेत्र नम्बर २ के कांग्रेस क्षेत्रीय सभापति शाहबुद्धिन अदालत के फैसला अईला साढे तीन महिना के बाद करिब ७ करोड रोपेया परेवाला १ कठ्ठा जमिन महानगरपालिका के फिर्ता कईल बतवले बानी ।

अदालत के फैसला के सम्मान करत आपन मेहरारु नजमा बेगम के नाम मे लालपूर्जा रहल कित्ता नम्बर ८१७ के १ कठ्ठा जमिन महानगरपालिका के फिर्ता कईल बतवनी ।

उ खुद २०७४ पुस ११ गते वीरगंज ६ कुम्हालटोल निवासी अरुण कुमार अग्रवाल से ४ करोड रोपेया मे जमिन मालपोत कार्यालय से आपन मेहरारु नजमा के नाम मे रजिष्ट्रेसन पास कराके किनला मे अदालत उ जमिन महानगरपालिका के स्वामित्व मे आवेके फैसला कईला के बाद फिर्ता कईल बतवनी ।

पत्रकार सम्मेलन मे शाहबुद्धिन कहनी, ‘हम जमिन किनेके समय मे लालपूर्जा अरुण अग्रवाल के नाम मे रहे, वार्ड से चौहदी प्रमाणित कईल सिफरिस भी रहे, मालपोत, नापी आ वीरगंज महानगरपालिका मे राजस्व तिरल रसिद भी रहे । सभी प्रमाण के आधार मे हि हम उ समय जमिन किनले रहनी ।

माकिर अदालत फैसला करके जमिन महानगरपालिका के स्वामित्व मे आवेके फैसला कईला के बाद महानगर के फिर्ता कईल उ बतवनी । पशुपति आदर्शनगर निर्माण समिति से महानगर के स्वामित्व मे आईल कित्ता नम्बर ८१७ के १ कठ्ठा जमिन वीरगंज ३ निवासी नजमा किर्ते कागजात खडा करके मालपोत आ महानगरपालिका के एकरा से पहिले के जनप्रतिनिधि से लेके कर्मचारी समेत के मिलोमतो मे आपन नाम मे पुगावल कहत वीरगंज महानगर के तत्कालीन प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत डा. भिष्मकुमार भुसाल २०७५ असाढ ३ मे पर्सा जिल्ला अदालत मे मुद्दा दायर कईले रहलन ।

उ मुद्दा मे पर्सा जिल्ला अदालत २०७८ वैशाख १२ मे उ जमिन महानगर के स्वामित्व मे रहेके फैसला कईले रहे । ओकरा बाद नजमा पर्सा जिल्ला अदालत के फैसला के बदर करेके माग करत उच्च अदालत जनकपुर के अस्थायी इजलास वीरगंज मे मुद्दा देहले रहनी ।

माकिर २०८० वैशाख १३ मे उच्च अदालत के न्यायधिशद्वय सुदर्शनदेव भट्ट आ सिताराम मण्डल के संयुक्त इजलास से भी जिल्ला अदालत से कईल फैसला के हि सदर कईले रहे । उहे आधार मे हम ई जमिन वीरगंज महानगरपालिका के फिर्ता कईल बतवले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।