नेपाली कांग्रेस के हरेक प्रजातान्त्रिक लडाई मे पर्सा के नेतालोग के सक्रिय सहभागीता रहे : सह–महामन्त्री यादव

वीरगंज ३२ सावन
नेपाली कांग्रेस के सह–महामन्त्री महेन्द्र यादव नेपाली कांग्रेस के हरेक प्रजातान्त्रिक लडाई मे पर्सा आ धनुषा जिल्ला के नेतालोग के सक्रिय सहभागीता रहल बतवले बानी ।
नेपाली कांग्रेस के क्षेत्र नम्बर २ के प्रथम क्षेत्रीय सम्मेलन के बियफे के दिने सम्बोधन करत प्रमुख अतिथि यादव ३५ बरीस से पर्सा जिल्ला के नेतालोग सँगे आपन भावनात्मक सम्बन्ध रहल चर्चा करत अब के चुनाव मे अन्र्तघात ना करे खातिर सभी नेतालोग से प्रतिबद्धता जनावे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
वीरगंज नगरसभागृह मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा क्षेत्र नम्बर २ के सांसद अजय चौरसिया वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे मरेजी के अप्रेशन भी निःशुल्क करावेके घोषणा कईले बानी । नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य भी रहल चौरसिया नारायणी अस्पताल मे ईलाज के खातिर आवेवाला पर्सा जिल्ला के मरेजी के अप्रेशन भी निःशुल्क करावे खातिर हम लागल बतवले बानी । ‘एकरा खातिर हम स्वास्थ्यमन्त्री से बात कर चुकल बानी । जदि स्वास्थ्य मन्त्रालय ना मानला पर हम आपन संसदीय विकास कोष से १ से डेढ करोड रोपेया नारायणी अस्पताल के देम कहनी ।
सांसद चौरसिया पर्सा के विन्दवासिनी मे बृद्धा आश्रम आ अनाथ लईकालइकी के खातिर सुविधासम्पन्न विद्यालय निर्माण के खातिर हम प्रकृया सुरु कईल जानकारी भी देहनी । एहितरे क्षेत्र नम्बर २ के दु जगहा मे २५ शैया के अस्पताल बनावेके योजना भी आपन रहल उ बतवनी । पर्सा जिल्ला आ समग्र मधेस के जनता के समस्या के बारे मे हम संसद मे बेर बेर आवाज उठावत आईल भी चौरसिया दाबी कईनी । फरक प्रसङ्ग मे बोलत सांसद चौरसिया वर्तमान सरकार कांग्रेस के बदनाम आ कमजोर बनावेके षडयन्त्र तहत काम कर रहल आरोप भी लगवनी । भ्रष्टचार के फाइल खोलेके बहान मे सरकार कांग्रेस के नेतालोग के छानी के झुठा मुद्धा लगाके थुनेके काम कर रहल भी उ बतवनी । कांग्रेस क्षेत्रीय सभापति महम्मद शाहबुद्धिन के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मधेस सरकार पूर्वमन्त्री ओमप्रकाश शर्मा, कांग्रेस के जिल्ला सभापति एंव प्रदेश सभा सदस्य जनार्दनसिंह क्षेत्री, प्रदेश समा सदस्य श्याम पटेल, कांग्रेस पर्सा के उपसभापति रामनारायण कुर्मी, वीरगंज उपमहानगरपालिका के उपमेयर इम्तियाज आलम लगायत के नेतालोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






