पारसनाथ से भाथाधाम तक सडक बनावे खातिर १ करोड देवेके सांसद गुप्ता के घोषणा

वीरगंज ०४ भादो

पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ३ के प्रतिनिधिसभा सदस्य (सांसद) राजकुमार गुप्ता सखुवाप्रसौनी स्थित पारसनाथ मन्दिर से भाथा धाम मन्दिर तक सडक बनावे खातिर १ करोड रोपेया देवेके घोषणा कईले बानी ।

सोमार के दिने नाग पञ्चमी के अवसर मे मुहवन के पारसनाथ मन्दिर मे आयोजना कईल मेला मे वन तथा वातावरण मन्त्री वीरेन्द्र प्रसाद महतो सँगे पुगल सांसद गुप्ता पर्सा जिल्ला के दुनु महत्वपूर्ण मन्दिर के जोडेवाला सडक बनावे खातिर आपन संसदीय विकास कोष से एक करोड रोपेया उपलब्ध करावेके घोषणा कईले बाडन ।

धार्मिक हिसाब से हिन्दू आ जैन धर्मावलम्बीलोग के खातिर महत्वपूर्ण मानल जाएवाला दुनु मन्दिर के जोडेवाला पूर्वाधार ना भईला से अपेक्षित संख्या मे श्रद्धालुलोग आवे ना सकल बतावत गुप्ता सडक निर्माण के खातिर संसदीय कोष से रकम उपलब्ध करावेके बतवनी ।

गुप्ता कहनी, ‘पर्सा जिल्ला के नाम इहे पारसनाथ बाबा के मन्दिर से भईल बा । एहितरे भाथाधाम मन्दिर हिन्दूलोग के एगो महत्वपूर्ण तीर्थस्थल ह । माकिर सडक ना भईला से चाहके भी पर्यटकलोग इहाँ आवे नासकेलन । ओहिसे सडक विकास करत आउर पूर्वाधार निर्माण के भी रास्ता खोलेके खातिर हम एक करोड रोपेया उपलब्ध करावेके घोषणा कईले बानी ।’

सांसद गुप्ता श्रद्धालुलोग के खातिर बरीस भर हि भाथाधाम मन्दिर खोलेके भी माग कईनी । पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज मे परेवाला भाथाधाम मन्दिर मे उपयुक्त सुरक्षा के व्यवस्था करत श्रद्धालुलोग बरीसभर हि पूजा करे मिलेवाला किसिम से खोले खातिर उ वन मन्त्री महतो से निहोरा कईनी । एहितरे उ भाथाधाम गईला पर लागेवाला शुल्क भी मिनाहा करे खातिर मन्त्री महत्तो से निहोरा कईनी ।

पारसनाथ युवा समाज से आयोजना कईल मेला के उदघाटन कार्जक्रम मे सखुवा प्रसौनी गाँउपालिका के पुर्वअध्यक्ष प्रदीप जयसवाल लगायत के भी सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।