मधेस मे अन्तर्राष्ट्रिय स्तर के क्रिकेट मैदान बनावल जाई: मन्त्री यादव

वीरगंज ०९ भादो

मधेस प्रदेश के भौतिक पूर्वाधारमन्त्री कृष्ण यादव मधेस मे अन्तर्राष्ट्रियस्तर के क्रिकेट मैदान बनावेके बतवले बानी ।

मधेस प्रदेश क्रिकेट सङ्घ के दुसरका साधारणसभा तथा प्रदेश अधिवेशन के आजु बारा सदरमुकाम कलैया मे उद्घाटन करत मन्त्री यादव क्रिकेट मैदान के खातिर जमिन उपलब्ध हो चुकला से जलदी हि निर्माण प्रक्रिया सुरु करेके बतवनी । मधेस से राष्ट्रिय तथा अन्तर्राष्ट्रियस्तर के क्रिकेट खेलाडी उत्पादन हो रहल उल्लेख करत उ क्रिकेट के माध्यम से मधेस के मान सम्मान बढल बतवनी ।

“मधेस के क्रिकेट के हब बनावे खातिर तथा खेलाडी के हौसला बढावेके काम मे प्रदेश सरकार पूर्णरुप मे प्रतिबद्ध बा”, मन्त्री यादव कहनी, “खेलाडी देश के गहना भईला से उलोग के संरक्षण तथा संवद्र्धन के खातिर प्रदेश सरकार कउनो कसर बाँकी ना राखी ।”

नेपाल क्रिकेट सङ्घ (क्यान) के केन्द्रीय अध्यक्ष चतुरबहादुर चन्द मधेस प्रदेश से उत्पादन भईल खेलाडी नेपाली क्रिकेट के महत्व बढल प्रष्ट कईनी । “काठमाण्डु बाहेक आउर जगहा मे सुविधा सम्पन्न खेल मैदान ना भईला से खेलाडी आपन क्षमता निखारे नईखन सकल”, उ कहनी । वीरगंज, पोखरा, भैरहवा, विराटनगर, चितवन, हेटौँडा, जनकपुर लगायत जगहा मे सरकार अन्तर्राष्ट्रियस्तर के खेल मैदान निर्माण करेके अध्यक्ष चन्द जोड देहनी ।

मधेस प्रदेश क्रिकेट सङ्घ के अध्यक्ष हिरा भगत के अध्यक्षता मे भईल उद्घाटन सत्र मे मधेस प्रदेशसभा सदस्य सतिष सिंह, नेपाली कांग्रेस मधेस प्रदेश के उपसभापति चन्द्रशेखरकुमार यादव, कलैया उपमहानगरपालिका नगरप्रमुख विनोद साह, महागढीमाई नगरपालिका के नगरप्रमुख उपेन्द्र यादव, नेपाल क्रिकेट सङ्घ के कार्यवाहक सचिव दुर्गाराज पाठक, कोषाध्यक्ष रोशन सिंह, केन्द्रीय सदस्य प्रशान्तविक्रम सिंह, मधेस प्रदेश सचिव आयुष श्रेष्ठ, क्रिकेट सङ्घ बारा के अध्यक्ष प्रभातकुमार चौरसिया लगायत के लोग अधिवेशन सफलता के कामना कईले रहनी ।

मधेश क्रिकेट संघ के अध्यक्ष मे सुनिल महासेठ निर्वाचित

नेपाल क्रिकेट संघ (क्यान) के मधेश प्रादेशिक क्रिकेट संघ के अध्यक्ष मे सुनिल महासेठ निर्वाचित भईल बा ।

शनिचर के दिने भईल संघ के दुसरका साधारण सभा तथा अधिवेशन से सिरहा के महासेठ अध्यक्ष निर्वाचित भईल बाडन ।

एहितरे रौतहट के पवनकुमार गुप्ता उपाध्यक्ष, सप्तरी के आयुष श्रेष्ठ सचिव आ बारा के सुवास जयसवाल कोषाध्यक्ष मे निर्विरोध निर्वाचित भईलें । ९ सदस्य मे सप्तरी के सतिशकुमार सिंह, सर्लाही के शत्रुघनप्रसाद साह, रौतहट के प्रमोद साह, महोत्तरी के राजीवकुमार झा आ मुकेशकुमार साह, धनुषा के आकाश पाण्डे, सिरहा के विकल कुमार विष्ट, पर्सा के यावुजान अन्सारी तथा बारा के अनिल कुमार चौगाई रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।