मधेस के शिक्षा प्रणाली जर्जर अवस्था मे बा : शिक्षामन्त्री यादव

वीरगंज २२ भादो
मधेस प्रदेश के शिक्षा तथा समाज कल्याणमन्त्री महेशप्रसाद यादव मधेस प्रदेश के शिक्षा प्रणाली जर्जर अवस्था मे पुगल बतवले बानी ।
शुक के दिने वीरगंज स्थित मधेस विश्वविद्यालय के प्रथम वार्षिकोत्सव समारोह के सम्बोधन करत मन्त्री यादव मधेस प्रदेश के शिक्षा प्रणाली अभी जर्जर अवस्था मे रहल बतवले बाडन ।
मधेस विश्वविद्यालय के सहकुलपति भी रहल यादव मधेस के शिक्षा प्रणाली के सुधार करत उपर उठावे खातिर मधेस विश्वविद्यालय के महत्वपूर्ण भूमिका होखेके विश्वास लेहल बतवनी ।
उ शिक्षा हि समाज निर्माण के मेरुदण्ड भईला से शिक्षा के विकास के मधेस सरकार मुख्य प्राथमिकता देहल भी बतवनी । मधेस प्रदेश सरकार से सीमित श्रोत साधन भईला पर भी सीमित श्रोत साधन के भरपुर उपयोग करके कम समय मे मधेस विश्वविद्यालय ई अवस्था मे अईला मे गौरव के विषय भईल बतवनी ।
मधेस विश्वविद्यालय के संघीय सरकार के आ वैदेशिक दाता के सहजोग के जरुरत रहल उनकर कहनाम रहे ।
मधेस विश्वविद्यालय के उपकुलपति डाक्टर दिपक शाक्य के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे मधेस सरकार के उर्जामन्त्री सिंहासन साह कलवार, वनमन्त्री रमेश कुर्मी, मधेस के पूर्व मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत, प्रदेश सभा सदस्यद्वय श्याम पटेल आ प्रमोद जयसवाल, प्राध्यापक डाक्टर उपेन्द्र कोइराला, प्राध्यापक डाक्टर युवराज संग्रौला लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।





