आत्महत्या के कारण आ नियन्त्रण विषयक वकतृत्वकला प्रतियोगिता

प्रभु यादव

बारा २५ भादो

बारा के महागढीमाई नगरपालिका १ बरियारपुर मे महेन्द्र प्राविधिक मावि मे आत्महत्या कारण आ नियन्त्रण के वकतृत्वकला कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

किलास ९ आ १० मे पढनियार लईकालईकी सब वकतृत्वकला मे भाग लेहले रहनी । ईस्लामिक रिलिफ क्यानाडा आ नेपाल के आर्थिक सहजोग मे सञ्चालित समुदाय के उत्थानशिलता सुदृढीकरण परियोजना अन्तरगत जन जागरण युवा क्लव कलैया के आयोजना मे कार्जक्रम कईल गईल रहे । समुदाय मे दिनानुदिन बढरहल आत्म हत्या के कारण का रहल बा अउरी ओकराके कईसे रोकल जाई स्कुल के पढनियार लईका लईकी सेही जाबो उदेश्य सहित वकतृत्वकला कईल गईल रहे परियोजना के संरक्षण अधिकृत लक्ष्मी खरेल जनकारी करावले बानी । वकतृत्वकला कार्जक्रम मे भागलेहल पढनियार लईकालईकी मेसे प्रथम खुशी गिरी दुसरा अमन चौरसिया आ तिसरा स्थान रोहित बैठा बनल रहनी ।

पहिला भईल गिरी के २ हजार, दसरा भईल चौरसिया के १ हजार ५ सय आ तिसरा भईल बैठा के १ हजार बराबर के पढेवाला समान सभे देहल गईल अधिकृत खरेल जनकारी करावले बानी । महेन्द्र प्राविधिक नमुना मावि के प्राङ्गन मे भईल कार्जक्रम के सभापतित्व अजय कुमार कोईरी के प्रमुख अतिथि महागढीमाई नपा १ के वार्ड अध्यक्ष मनोज कुमार साह के रहल जवना मे निर्णयक मण्डल मे स्कुल के सह प्रध्यापक सुनिल कुमार साह, प्रध्यापक श्रीधर भण्डारी, अन्जु चौरसिया आ अजय कुमार के सहभागिता मे वकतृत्वकाला सम्पन्न भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।