कडा आलोचना के बाद परराष्ट्र मन्त्रालय चिनियाँ राजदुत से पुछलख स्पष्टीकरण

काठमाण्डु २६ भादो
कूटनीतिक मर्यादा विपरीत सार्वजनिक रुप मे भाषण कईल चिनियाँ राजदूत छन् सोङ के परराष्ट्र मन्त्रालय बोलाके स्पष्टीकरण लेहले बा । परराष्ट्र सचिव भरतराज पौडेल चिनियॉं राजदूत के मन्त्रालय मे बोलाके स्पष्टीकरण मांग कईल परराष्ट्र स्रोत जनवले बा ।
नेपाल के खातिर चिनियाँ राजदूत छन् सोङ नेपाल–भारत बीच के सम्बन्ध आ नेपाल के आर्थिक अवस्था उपर विवादस्पद् अभिव्यक्ति बितल हप्ता देहले रहलन । काठमाण्डु मे आयोजना कईल एगो कार्जक्रम मे उ कूटनीतिक मर्यादा विपरीत नेपाल–भारत बीच के सम्बन्ध आ व्यापार मे खलल पुगावेवाला किसिम से टिप्पणी कईले रहलन ।
चिनियाँ राजदूत के ई विवादास्पद अभिव्यक्ति बाद मे उनकर कडा आलोचना भईल रहे । प्रतिनिधि सभा आ राष्ट्रिय सभा दुनु सदन मे चिनियाँ राजदूत के अभिव्यक्ति उपर कडा आलोचना करत सांसदलोग राजदूत के चिन फिर्ता पठावेके माग तक कईले रहलन ।
एहितरे संसद के अन्तर्राष्ट्रिय सम्बन्ध समिति बईठक हि बोला के चिनियाँ राजदूत के अभिव्यक्ति के विरोध करत उनका के स्पष्टीकरण पुछे खातिर परराष्ट्र मन्त्रालय के निर्देशन देहले रहे । समिति के सभी सदस्यलोग चिनियाँ राजदूत के आपन कूटनीतिक सीमा पार ना करेके चेतावनी भी देहले रहे । समिति के निर्देशन के बाद परराष्ट्र सचिव चिनियाँ राजदूत के बोलाके स्पष्टीकरण मांग कईले बाडन ।
परराष्ट्र स्रोत के मुताविक सोमार के दुपहरिया करीब सवा चार बजे परराष्ट्र मन्त्रालय घुसल चिनियाँ राजदूत परराष्ट्र सचिव के कार्यकक्ष से आधा घण्टा के बाद बाहर निकलल रहलन । नाम ना खुलावेके शर्त मे परराष्ट्र के एक जने उच्च अधिकारी चिनियाँ राजदूत के आइन्दा नेपाल आ तिसरका देश के सम्बन्ध बारे ना बोलेके आ कूटनीतिक मर्यादा मे रहके अभिव्यक्ति देवे खातिर निर्देशन भी देहल जानकारी देहनी ।
परराष्ट्र मन्त्रालय मे कार्यरत सुरक्षाकर्मीलोग चिनियाँ राजदूत मन्त्रालय मे आईल, सचिव के कोठरी मे घुसल पुष्टि कईले बाडन । माकिर परराष्ट्र के कोई कर्मचारी भी ई बारेमे बोले खातिर तइयार नईखन । स्रोत के मुताविक चिनियाँ राजदूत से स्पष्टीकरण के बात कहुँ कउनो मीडिया मे ना आओ कहके परराष्ट्र के कर्मचारीलोग के दबाव देहले रहलन ।






