क्रियाशील पत्रकारद्वारा सदस्यता नविकरण ना कईल बिरुद्ध मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापनपत्र

मेवालाल यादव
रौतहट
नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा मनमौजी कईला के चलते रौतहट के क्रियाशिल पत्रकारलोग के सदस्यता आ नविकरण कार्यान्वयन होखे ना देहला मे आजु रौतहट जिल्ला प्रमुख धर्मेन्द्र मिश्र के ज्ञापनपत्र बुझवले बाडन ।

सदस्यता तथा नविकरण कार्यान्वयन ना कईला मे रौतहट के क्रियाशिल पत्रकारद्वारा चरणबद्ध बिरोध मे आन्दोलन करेके संघर्ष समिति के संयोजक तथा पुर्व नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के अध्यक्ष रबिन्द्र साह चेतावनी भी देहले बानी ।

नेपाल पत्रकार महासंघ आपन अनकुल के सदस्यता तथा नविकरण मे मनमौजी कईला के साथे लोकतान्त्रिक ब्यवस्था मुताविक संघीय संरचना के अस्वीकार करत रौतहट शाखा से कईल सिफारिस आपन जातीय, नातेदार के मात्र कईल संघर्ष समिति के संयोजक साह से बुझावल ज्ञापनपत्र मे उल्लेख बा ।

रौतहट शाखा मनमौजी आ एकलौटी निर्णय से नयाँ सदस्यता तथा नविकरण से क्रियाशिल पत्रकारलोग के बञ्चित कईला से संघर्ष समिति २९ गते ज्ञापनपत्र बुझावेके, १ गते पुनः तालाबन्दी करेके, २ गते रिले अनशन करेके, ३ गते कालापट्टी बान्हके प्रदर्शन करेके, ४ गते रौतहट शाखा पदाधिकारी के फोटो सहित पुतला दहन करेके, ५ गते सदरमुकाम गौर भर प्रदर्शन करेके, ६ गते रौतहट शाखा के पदाधिकारीद्वारा भईल रकमी चलखेल के भण्डाफोर करेके उल्लेख कईले बा ।

आन्दोलन के समय मे कउनो किसिम के अप्रिय घटना भईला पर ओकर जिम्मेवारी नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट के होखेके सघर्ष समिति के संयोजक साह चेतावनी भी देहले बानी ।

ज्ञापनपत्र बुझावेमे नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा के पुर्व अध्यक्ष शैलेन्द्र गुप्ता, पुर्व सचिव गौतम श्रेष्ठ, प्रेस मंच के रौतहट अध्यक्ष किशोरी यादव लगायत २५ जने क्रियाशिल पत्रकारलोग के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।