ब्रह्माकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र वीरगंजद्धारा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम

वीरगंज २८ कुवार
नेपालीलोग के महान चाड विजयादशमी के पहिलका दिन घटस्थापना तथा शारदिय नवरात्रि के प्रथम दिवस महादुर्गा भगवती के प्रथम अवतार माता शैलपुत्री के उपासना दिवस मे एतवार के दिने ब्रह्माकुमारी राजयोग सेवा केन्द्र वीरगंज शुभकामना आदान प्रदान एवं जमरारोपण कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
विश्वदर्शन भवन छपकैया के मुख्य सञ्चालिका ब्रह्माकुमारी बेली दिदी के अभिभावकत्व तथा संविधान सभा सदस्य बलवीर प्रसाद चौधरी के प्रमुख आतिथ्यता मे भईल उ कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ३ के वार्ड अध्यक्ष बैजुलाल स्वर्णकार, वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष प्रदिप चौरसिया, वार्ड नं. २३ के वार्ड अध्यक्ष अवध किशोर कुशवाहा लगायत के लोग विजयादशमी असत्य, अन्धकार दुर्गण उपर क्रमशः सत्य प्रकाश आ दैविगुण के विजय के महान उत्सव भईल चर्चा करत सभी नेपालीजनलोग के सुख, शान्ति, समृद्धि आ अमन चयन के कामना सहित विजयादशमी तथा नवरात्रि के शुभकामना व्यक्त कईले रहलन ।
सहभागीलोग कलश मे जौं आ गहुँ के विजारोपण करत आपन अन्तरमन मे भी पवित्रता धैर्यता सहनशीलता दिव्यता शान्ति प्रेम सहजोग अन्तरमुखता आदि दिव्य गुण आ आध्यात्मिक शक्ति के वीज विकसित करेके भी संकल्प कईले रहलन । उ कार्जक्रम मे ब्रह्माकुमारी सरस्वती, ब्रह्माकुमार छोटेलाल, ब्रह्माकुमार गोवर्धन, ब्रह्माकुमार गोकुल, ब्रह्माकुमार आनन्द लगायत अनेकन जगहा के राजयोग साधक साधिकालोग के उपस्थिति रहल रहे ।






