वीरगंज के दुनु भन्सार कार्यालय लक्ष्य मुताविक राजश्व उठावेमे असफल

वीरगंज ०२ कात्तिक
वीरगंज नाका मे रहल दुनु भन्सार कार्यालय फेनु लक्ष्य मुताविक राजश्व संकलन करेमे असफल भईल बा । देश के कूल आयात निर्यात के करिब ७० प्रतिशत कारोबार होखेवाला वीरगंज नाका मे वीरगंज भन्सार एकीकृत भन्सार जाँच चौकी (आईसिपी) आ सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय रहल बा ।
चालु आर्थिक बरीस के सुरुवाती दु महिना राजश्व संकलन के लक्ष्य पूरा करेमे असफल भईल ई दुनु भन्सार कार्यालय के दशहरा दिपावली जईसन बडका चाडपर्व के चलते बितल कुवार मे राजश्व संकलन मे व्यापक सुधार आवेके अपेक्षा कईल रहे । माकिर बितल कुवार मे भी ई दुनु भन्सार कार्यालय फेनु राजश्व संकलन के लक्ष्य पूरा करेमे असफल भईल बाडन ।
राजश्व विभाग वीरगंज भन्सार के बितल कुवार महिना मे २१ अरब ८४ करोड १९ लाख ५० हजार रोपेया राजश्व संकलन के लक्ष्य देहले रहे । माकिर वीरगंज भन्सार कार्यालय लक्ष्य के ६४ दशमलव ३५ प्रतिशत मात्र अर्थात् १४ अरब २७ करोड ४४ लाख २१ हजार रोपेया राजश्व उठवले बा ।
एहितरे, चालु आर्थिक बरीस मे सावन से कुवार तक तीन महिना मे विभाग ५६ अरब ८४ करोड ६३ लाख ९२ हजार रोपेया राजश्व असुली के लक्ष्य देहला मे वीरगंज भन्सार कार्यालय लक्ष्य के ६८ दशमलव ३५ प्रतिशत मात्र अर्थात् ३८ अरब ८५ करोड ५० लाख ९३ हजार रोपेया मात्र राजश्व उठावे सकल वीरगंज भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार अधिकृत धनबहादुर बरुवाल जानकारी देहनी ।
वीरगंज भन्सार कार्यालय बितल भादो आ सवान महिना मे भी राजश्व संकलन के लक्ष्य पूरा करे ना सकल रहे । वीरगंज भन्सार कार्यालय बितल भादो मे लक्ष्य के ६५ दशमलव ५९ प्रतिशत मात्र आ बितल सावन मे भी लक्ष्य के ७५ दशमलव ९६ प्रतिशत मात्र राजश्व संकलन करे सकल रहे ।
वीरगंज भन्सार कार्यालय प्रमुख भन्सार अधिकृत बरुवाल कुवार महिना मे दशहरा, दिपावली जईसन पर्व मे आयात बढके बितल कुवार मे राजस्व असुली बढेके अनुमान कईला पर भी राजश्व बेसी उठेवाला मालवस्तु के आयात हि कम भईला से राजश्व संकलन के लक्ष्य पूरा करे ना सकल बतवनी ।
उनका मुताविक वीरगंज भन्सार कार्यालय मे राजश्व बेसी उठेवाला सामान मे नयाँ सवारी साधन, इन्धन, औद्योगिक कच्चा पदार्थ इत्यादि ह । माकिर सावन से हि उ सामान के आयात हि कम हो रहला से ओकर सिधा असर राजश्व संकलन मे परल उ बतवनी ।
एने सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय भी बितल कुवार मे राजश्व संकलन के लक्ष्य मिलेमे असफल भईल बा । राजश्व विभाग बितल कुवार महिना मे ५ अरब ३९ करोड १० लाख ९९ हजार रोपेया राजस्व असुली के लक्ष्य सुक्खा बन्दरगाह भन्सार के देहले रहे । माकिर उ भी लक्ष्य के ७४ दशमलव ५२ प्रतिशत मात्र अर्थात् ४ अरब ४६ करोड ४१ लाख ७३ हजार रोपेया मात्र राजश्व उठवले बा ।
एहितरे, राजश्व विभाग सुक्खा बन्दरगाह भन्सार के चालू आर्थिक बरीस के सावन से कुवार तक तीन महिना मे १५ अरब ६० करोड ९८ लाख २५ हजार रोपेया राजस्व असुली के लक्ष्य देहले रहे ।
माकिर सुक्खा बन्दरगाह भन्सार उ तीन महिना मे लक्ष्य के ८४ दशमलव ०३ प्रतिशत मात्र अर्थात १३ अरब ११ करोड ६२ लाख ३३ हजार रोपेया राजश्व संकलन कईल सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के अधिकृत सुशील शर्मा जानकारी देहनी ।
सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय बितल भादो महिना मे भी लक्ष्य से करिब १५ प्रतिशत कम अर्थात् लक्ष्य के ८५ दशमलव १५ प्रतिशत मात्र राजश्व संकलन कईले रहे ।
बितल कुवार महिना मे पाँच दिन तक मुआब्जा पीडित जग्गाधनीलोग भन्सार के गेट मे धर्ना देहला के चलते पाँच दिन भन्सार कार्यालय के सेवा ठप्प भईला से ओकर प्रत्यक्ष असर राजश्व संकलन मे परला से लक्ष्य से कम राजश्व उठल शर्मा बतवनी ।
सुख्खा बन्दरगाह आ आईसिपी बीच के ६२ बिगहा जमिन सरकार ७ बरीस से अधिग्रहण करके रोक्का कईल माकिर मुआब्जा ना देहल कहत जग्गाधनीलोग कुवार १४ से १८ गते तक सुख्खा बन्दरगाह भन्सारके मूलगेट मे पाँच दिन तक धर्ना मे बईठके प्रदर्शन कईले रहलन ।






