प्रधानाध्यापक स्वर्णकार हत्या विरोध मे प्याब्सन आ एन प्याब्सन पर्साद्धारा विद्यालय बन्द के आव्हान

वीरगंज १३ कात्तिक

निजी तथा आवसीय विद्यालय अर्गनाइजेशन नेपाल (प्याब्सन) आ राष्ट्रिय निजी तथा आवासीय विद्यालय एशोसिएसन नेपाल पर्सा बाल एकता इङ्लिस बोर्डिङ स्कूल कलैया के प्रधानाध्यापक रूपेश स्वर्णकार (सर्राफ) के दिनदहाडै गोली मारके हत्या कईल विरोध मे मंगर के दिने विद्यालय बन्द के आव्हान कईले बा ।

प्रधानाध्यापक सर्राफ के हत्या के शोक आ विरोध मे कातिक १४ गते मंगर के दिने प्याब्सन आ एनप्याब्सन अन्तर्गत के सभी विद्यालयसब बन्द रहेके प्याब्सन आ एनप्याब्सनद्धारा जारी कईल विज्ञप्ति मार्फत जनावल गईल बा ।

प्याब्सन पर्सा आ वीरगंज सोमार के दिने संयुक्त रुपमा प्रेस विज्ञप्ती जारी गर्दै बाराको सदरमुकाम कलैया उपमहानगरपालिकास्थित प्रधानाध्यापक रूपेश सर्राफ के दिनदहाडे गोली मारके कईल हत्या के घटना उपर घोर भत्सर्ना भी कईले बा ।

जिल्ला के सदरमुकाम मे दिनदहाडे विद्यालय के प्रधानाध्यापक सर्राफ के गोली मारके हत्या हमनी के गम्भीर बनावल प्याब्सन वीरगंज महानगर अध्यक्ष आलोक चौरसिया बतवनी । ई घटना से शिक्षक विद्यार्थी लगायत केहु भी सुरक्षित ना रहल यथार्थ के उजागार कईल हमनी के ठहर बा जारि विज्ञप्ती मे उल्लेख कईल बा ।

प्याब्सन आ एन प्याब्सन पर्सा जिल्ला अध्यक्ष राम श्रेष्ठ आ महानगर अध्यक्ष जियालाल गुप्ताद्धारा संयुक्त रुपमे जारी कईल विज्ञप्तीमे सर्राफ के हत्या मे संलग्न दोषी के जलदी से पकडके कानुनी दायरा मे लियावे खातिर पुलीस प्रशासन सँगे जोडदार माग भी कईले बा ।

दोषी के पकड के पिडित के न्याय दिलावे खातिर कउनो ढिलासुस्ती भईला पर आउर चरणबद्ध आन्दोलन के कार्जक्रम सार्वजनिक करेमे बाध्य होखेके व्यहोरा भी जारी विज्ञप्ति मे उल्लेख कईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।