नारायणी अस्पताल के अध्यक्ष मे कांग्रेस के युवा नेता धिरज गुप्ता नियुक्त

वीरगंज २० कात्तिक
वीरगंज के नारायणी अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष मे नेपाली कांग्रेस के युवा नेता धिरज कुमार गुप्ता नियुक्त भईल बाडन ।
संघ सरकार मातहत रहल मधेस प्रदेश के सबसे बडका नारायणी अस्पताल के विकास समिति के अध्यक्ष मे गुप्ता नियुक्त भईल बाडन । गुप्ता वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २० के स्थायीबासी हउवन ।
इहे कातिक १७ गते के मन्त्रिस्तरीय निर्णय से अध्यक्ष मे गुप्ता के नियुक्त कईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के नीति अनुगमन तथा योजना महाशाखा जनवले बा । संघ सरकार के स्वास्थ्य तथा जनसंख्यामन्त्री कांग्रेस से निर्वाचित मोहनबहादुर बस्नेत बाडन ।
मन्त्री बस्नेत गुप्ता के तीन बरीस के खातिर अध्यक्ष मे नियुक्त कईले बाडन । नारायणी अस्पताल विकास समिति (गठन) आदेश २०७६ के दफा ३ के उपदफा (२) (क) मे भईल व्यवस्था बमोजिम अध्यक्ष पद मे गुप्ता के तीन बरीस पदावधी रहेवाला किसिम से नियुक्त कईल मन्त्रालय कातिक १९ गते जारी कईल पत्र मे उल्लेख बा ।
सोमार से अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष के कार्यभार सम्हारत गुप्ता आपन कार्यकाल मे नारायणी अस्पताल के मधेस प्रदेश के सुविधासम्पन्न नमूना अस्पताल बनावेके प्रतिक्रिया देहनी ।






