जनता के सिकायत आ नेता लोग बेईजती होखे से बचेला जनप्रतिनिधि सहित के टोली अस्पताल मे कईलख अनुगमन

जनता के सिकायत आ नेता लोग बेईजती होखे से बचेला जनप्रतिनिधि सहित के टोली अस्पताल मे कईलख अनुगमन

प्रभु यादव

बारा १० अगहन

बारा के प्रदेशिक अस्पताल के वेहाल से जनता लोग जनप्रतिनिधि आ नेता लोग के हरजगह सिकायत आ बेईजती करेलागला से प्रदेशिक अस्पताल के अनुगमन भईल बा ।

कलैया मे रहल प्रदेशीक अस्पताल मे ना समय मे डाक्टर आवेलन, ना आईल मरिज के दवाई होखता जवना से तङ्ग होकर के चौक चौराहा चाय दुकान सभे जगह जनप्रतिनिधि आ नेता लोग के अशब्द सहित सिकायत करेलागला से जनप्रतिनिधि सहित के टोली अनुगमन कर के अस्पताल प्रमुख के सुधार करेला समय देहले बाडन ।

कलैया उपमहानगरपालिका के मेयर विनोद साह, संविधान सभा सदस्य प्रमोद गुप्ता, मधेश प्रदेश भा के पूर्व सदस्य पारस साह, माओवादी केन्द्र के युवा नेता मुकेश साह, बारा उधोग बाणिज्य संघ के अध्यक्ष राजकुमार साह लगायत के टोली अस्पताल व्यवस्थापन समिति के अध्यक्ष प्रकाश चौगाई, अस्पताल प्रमुख डाक्टर विकाश कुमार साह से भेट के समस्या सब बुझले रहलन ।

अस्पताल मे विमार परल लोग के देवेवाला सेवा सब एक्सरे, खुन चेक जाँच, सब भितर ना कराके बाहर करावेके आ पईसा कमाएके काम कईला से जनता दिकत से समुदाय मे भईल जमघट के जगह जनप्रतिनिधि सहित नेता सब के सिकायत करत मानमर्यादा मे आँच लगावेवाला काम कईला पर अनुगमन कईल गईल स्रोत जनवले बा ।

सुबह मे आईल विमारी लोग के रोक के राखेला दिन अउरी रात के निजि अस्पताल मे जाएके सल्लाह मात्र देहल जाला कलैया के बैधनाथ साह बतावले बानी । कलैया अस्पताल के आईसियु खालि रहला माकिर सधारण बेड मे उपचार करेवाला के निजि अस्पताल मे पेठा के कमिशन उठावेके काम कर रहल जनता सब के सिकायत रहल बा । अस्पताल प्रमुख मेसु साह आपना राजनिती दवाब भईला से व्यवस्थापन करे ना सकल बतवले बानी । अनुगमन मे पुगल लोग सिपटी फुहर भईल, कर्मचारी सब काम मे ना आईल समस्या सब देखल गईल रमेश साह बतावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।