दिब्य विकास स्रोत केन्द्र पर्सा के १७ वाँ सामाजिक लेखाजोखा कार्जक्रम पुरा
दिब्य विकास स्रोत केन्द्र पर्सा के १७ वाँ सामाजिक लेखाजोखा कार्जक्रम पुरा

वीरगंज २६ अगहन
“इमानदारिता जवाफदेहिता आ पारदर्शिता के खातिर” कहके मुल नारा के साथ आजु दिब्य विकास स्रोत केन्द्र बिरन्चीबर्वा पर्सा के १७ वाँ सामाजिक लेखाजोखा कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
रोयल पार्टी प्यालेस वीरगंज मे दिब्य विकास स्रोत केन्द्र बिरन्चीबर्वा पर्सा के आयोजना आ भिएसओ आइरिसएण्ड एक्सन एण्ड के समन्वय मे उ कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
दिब्य विकास स्रोत केन्द्र पर्सा के अध्यक्ष उमेश प्रसाद के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के उपसभापति पुरन पटेल बीरगंज मे बहुते अईसन एनजीओसब बा जेकर हिसाबकिताब बारे मे जानकारी ना होखेला माकिर ई दिब्य विकास स्रोत केन्द्र के सभी आर्थिक सामाजिक पुर्णतः पारदर्शिता रहला मे बधाई तथा धन्यवाद देहले रहनी ।
दिब्य विकास स्रोत केन्द्र से आउर एनजीओलोग पाठ सिखेके बतावत एकरा से शिक्षा, स्वास्थ्य, सामाजिक, दलित, विपन्न, जनानी, जनजाति, उत्पिडीत अपाङ्ग लगायत के क्षेत्र मे काम कर रहल आ समाज मे सचेतना मुलक कार्जक्रम मार्फत समाज परिवर्तन करेके काम मे भी बडका भुमिका खेल रहला से आवेवाला दिन मे एकरा से आउर प्रभावकारी काम करे खातिर सुझाव देहनी ।
कार्जक्रम मे सामाजिक संस्था जिल्ला समन्वय समिति पर्सा के अध्यक्ष इब्रहिम देवान, जगरनाथपुर गाँवपालिका उपाध्यक्ष बविता सिंह, सामी परियोजना कार्जक्रम अधिकृत शिवचरण साह, महिला अधिकार के खातिर राष्ट्रिय अभियान के अध्यक्ष कविता चौधरी लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
उ अवसर मे नागेश्वर चौधरी, चादनी कुमारी, कन्हैया चौधरी, रीना चौधरी, अमृता देवी, सत्य देव, सन्तोषी राम लगायत के लोग दिब्य विकास स्रोत केन्द्र से मिलल सीपमूलक से जिवन मे परिवर्तन आईल अनुभव शेयर कईले रहलन ।
कार्जक्रम के उदेश्य उपर कार्जक्रम प्रबन्धक गणेश बहादुर ठकुरी जानकारी देहले रहनी । दिब्य विकास स्रोत केन्द्र के कार्यकारी निर्देशक रामाकान्त पटेल स्वागत मनतब्य राखल कार्जक्रम के सञ्चालन सञ्चारकर्मी माधुरी महतो कईले रहनी ।






