संघिय सरकार अधिकार से बन्चीत कईला से कठिनाई होरहल बा : अध्यक्ष जयसवार
संघिय सरकार अधिकार से बन्चीत कईला से कठिनाई होरहल बा :अध्यक्ष जयसवार

प्रभु यादव
बारा २७ अगहन
बारा के प्रसौनी गाँवपालिका के वार्ड नम्वर ३ नौतन मे नवनिर्मित वार्ड कर्यालय एवम अधारभुत स्वास्थ्य चौकी के भवन एगो कर्जक्रम कर के समुदघाटन भईल बा ।
कार्यक्रम के प्रमुख अतिथि प्रसौनी गाँवपालिका के अध्यक्ष विनोद प्रसाद जयसवार संघिय सरकार पालिका के संविधान अनुसार के अधिकार ना देहला से काम करेमे कठिनाई भईल बतावले बानी । नेपाल सरकार स्वास्थ्य संस्था के बनावेके अधिकार देहले बा माकिर कर्मचारी के दरबन्दी ना देहला से कठिनाई भईल अध्यक्ष जयसवार बतावले बानी ।
अउर वार्ड मे रहल अधुरा स्वास्थ्य संस्था के निर्माण करके समस्या हटावेके अध्यक्ष जयसवार जनकारी करवले बानी । पालिका सरकार के संविधान मे भईल अनुसुची २२ के अधिकार संघिय सरकार देदि सभे कार्य पूरा कर सकेके अध्यक्ष बतवले बानी । कर्मचारी ना भईला से जनता के देवे सकेके काम ना करेसकल जारहल बतावत ई सब के दोषी संघिय सरकार रहल अध्यक्ष जयसवार जनकारी करावले बानी ।
अपन कार्यकाल से पहिले के जनप्रतिनिधि जग बनावले रहनी जवना के पूरा कर के जनता के प्राथमिक उपचार मे सहजोग करेला पहुच पुगल बतावले बानी । गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुमित कुमार सिंह नवनिर्मित वार्ड कार्यालय के भवन कुल निर्माण लागत ३८ लाख ७४ हजार ७ सय ४५ रोपेया तथा आधारभूत स्वास्थ्य सेवा केन्द्र के भवन कुल लागत २६ लाख ७ हजार ७ सय ३८ रोपेया रहल जानकारी करावले बानी ।
वार्ड नम्वर ३ के अध्यक्ष छोटेलाल साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे पालिका उपाध्यक्ष किरण देवी साह, वार्ड सदस्य राजेश कुमार गुप्ता, वार्ड नम्वर ४ के अध्यक्ष याकुब अंसारी, वार्ड नम्वर ७ के वार्ड अध्यक्ष इसलाम मंसुर आपन आपन बात राखत जनता के घर मे सेवा पहुचावेला काम कर रहल बतावले रहनी ।






