ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के कर्मचारीलोग अनेकन शाखा मे कईलें तालाबन्दी
ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस के कर्मचारीलोग अनेकन शाखा मे कईलें तालाबन्दी

वीरगंज ०८ पुस
वीरगंज स्थित ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे कर्मचारीलोग तालाबन्दी कईले बाडन । वितल १५ बरीस से न्युनतम तलब मे काम करत आईल १० जने कर्मचारीलोग के तलबभत्ता बृद्धि के माग करत त्रिवि कर्मचारी संघ एतवार के दिने क्याम्पस मे तालाबन्दी कईले बाडन ।
संघ के अध्यक्ष किशोरी चौधरी के नेतृत्व मे कर्मचारीलोग क्याम्पस के कर्मचारी प्रशासन शाखा, आइटी शाखा, सामान्य प्रशासन तथा स्टोर शाखा आ क्याम्पस प्रमुख के कार्यकक्ष मे ताला मारल आन्दोलनरत कर्मचारी मनोहर साह जानकारी देहनी ।
क्याम्पस २०६६ साल से आन्तरिक करारा मे नियुक्त कईल १० जने कर्मचारीलोग बितल १५ बरीस से मासिक १५ हजार रोपेया के तलब मे काम करत आ रहल बाडन । श्रम ऐन मुताविक तलबबृद्धि के माग करत कर्मचारीलोग बितल बुध के एक घण्टा, बितल बियफे के दिने दु घण्टा आ शुक के दिने तीन घण्टा काम बन्द कईले रहलन । ओतना कईला पर भी माग सम्बोधन के खातिर क्याम्पस प्रशासन चासो ना देहला के बाद एतवार के दिने क्याम्पस के अनेकन शाखा मे तालाबन्दी कईल त्रिवि कर्मचारी संघ के अध्यक्ष चौधरी बतवनी ।
एहितरे कर्मचारी के तलब बृद्धि के माग करत त्रिवि प्रजातन्त्रवादी कर्मचारी संघ ९ महिना पहिले क्याम्पस मे धर्ना सहित के चरणबद्ध आन्दोलन कईले रहे । उ आन्दोलन के बाद तत्कालीन क्याम्पस प्रमुख उमेश चौरसिया आ संघबीच श्रम ऐन मुताविक तलब बृद्धि करेके लिखित सहमति भईल रहे ।
ओकरा बाद बितल अगहन १८ गते संघ ९ महिना पहिले पहिले के सहमति लागु करेके माग करत वर्तमान क्याम्पस प्रमुख रन्जित यादव के ज्ञापनपत्र बुझवले रहे । माकिर क्याम्पस प्रशासन खुदे सहमति कईल ९ महिना बितला पर भी तलब बृद्धि ना कईला के बाद बाध्य होके एतवार के दिने तालाबन्दी करेके परल संघ के अध्यक्ष चौधरी बतवनी ।
न्युनतम तलब मे काम कर रहल कर्मचारीलोग के श्रम ऐन मुताविक तलब बृद्धि ना करे तक तालाबन्दी जारी हि रहेके आ आन्दोलन के आउर सशक्त बनावेके चौधरी बतवनी ।






