नयाँ वर्ष मनावे आईल दु भारतीय नागरिक के अटो दुर्घटना मे पर के मृत्यु, चार जने घायल
नयाँ वर्ष मनावे आईल दु भारतीय नागरिक के अटो दुर्घटना मे पर के मृत्यु, चार जने घायल

रौतहट १७ पुस
चन्द्रपुर–५ मे सोमार के रात अटो दुर्घटना भईला पर दु जने भारतीय नागरिक के मृत्यु भईल बा । पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के चिडियादह चोक से सर्लाही जारहल ट्यांकर बागमतीस्थित नुनथर से आ रहल अटो के ठोकर देहला पर अटो मे सवार दु भारतीय नागरिक के मृत्यु भईल बा ।
नुनथर से चन्द्रनिगाहपुर ओरी आ रहल ज १ ह ४४८५ नम्बर के अटो के अम्लेखगञ्ज से सर्लाही जारहल प्रदेश २–०३–००१ ख १९२७ नम्बर के ट्यांकर ठोकर देहले रहे ।
मृत्यु होखेवाला मे भारत के सितामाढी जिल्ला डुमरी रहेवाला ३५ बरीस के पिंकु सिंह आ २२ बरीस के अवधेश झा रहल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर जनवले बा ।
मृतक दुनु जने अंग्रेजी नयाँ बरीस मनावे खातिर चन्द्रपुर–१ स्थित नुनथर गईल रहलन । टेम्पो चढके चन्द्रनिगाहपुरओरी आ रहल समय ट्यांकर ठोकर मरले रहे । दुर्घटना मे चार जने घायल भईल बाडन । उलोग के चन्द्रपुर अस्पताल मे ईलाज हो रहल पुलीस जनवले बा ।
ट्यांकर चालक रौतहट के दुर्गा भगवती गाँवपालिका–६ गंगापिपरा के २६ बरीस के प्रविण साह के नियन्त्रण मे लेके अनुशन्धान हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रपुर जनवले बा ।






