ट्रान्सफरमर चोरी कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

ट्रान्सफरमर चोरी कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १७ पुस

बारा के पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्वर ५ मे तियर नदि मे ट्रान्सर्फमर के तार लुकाके राखल जगह से एक जने चोर के पुलीस पकडले बा ।

नेपाल विधुत प्राधिकरण से जडान कईल ट्रान्सफरमर अगहन १३ गते के रात मे सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं.०३ श्रीनगर बैरिया आ अगहन २३ गते पचरौता नगरपालिका वार्ड नं.०५ बेल्दारी से चोरी भईल सूचना मिलला पर ट्रान्सफरमर अउरी चोरी करेवाला के खोजलतास कईला पर सोमवार के दिन सझिया करिब ६ः३० बजे के समय मे प्रहरी आदमी सहित समान पकडले बा ।

पकडाईल चोर भारत मोतिहारी जिल्ला विन्धवा सोनिमा ग्राम के २२ बरिस के जैसिलाल यादव के पुलीस पकड के कारवाही करहल जनकारी करावले बा । यादव के साथे तियर नदि मे लुका के राखल ट्रान्सर्फमर के एच टी क्वायल दु गो एल टी क्वायल छव गो पकडाईल प्रहरी जनकारी करावले बा ।

पकडाईल यादव के चोरी मुद्दा दर्ता कर के बारा जिल्ला अदालत से पाँच दिन के म्याद थप करा करके आउर अनुसन्धान के काम सुरू कईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।