ज्यान मारेके धम्की देके पईसा असुले खोजेवाला पकडईलें
ज्यान मारेके धम्की देके पईसा असुले खोजेवाला पकडईलें

रौतहट १९ पुस
रौतहट पुलीस फतुवा बिजयपुर से ज्यान मारेके धम्की देके पईसा असुली करेके खोज रहल एक जने के पकडले बा । पुलीस फतुवाबिजयपुर–८ के ३५ बरीस के श्रीभगवान साह के पकडले बा । बुध के रात पकडाईल साह के पुलीस बियफे के दिने पत्रकार सम्मेलन करके सार्वजनिक कईले बा । जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता डिएसपी एलिजा गिरी साह के पकडके पुलीस आपराधिक लाभ (एक्सटर्सन) सम्बन्धि कसुर मे मुद्धा चलावल जानकारी देहनी ।
‘साह ज्यान मारेके धम्की देके पईसा असुलेके योजना बनवले रहलन,‘ कहत उ, ‘हमनी ई मुद्दा मे आउर भी आदमी संलग्न बाडन÷नईखे अनुसन्धान हो रहल बा ।’ डिएसपी गिरी के मुताविक साह मोबाईल नम्बर ९८०१५७७५१० से स्थानीय ब्यापारी के बेर–बेर फुन मार्फत् ५० लाख रकम मागत आईल रहलन ।
रोपेया ना देहला के बाद बेता बेटी के हत्या करेके कहत फुन से धम्कईला के बाद ब्यापारी पुलीस मे जाहेरी देहले रहलन । ओकरा बाद पुलीस मोबाईल नम्बर के पहिचान कईले रहे । ओकरा बाद साह के गाँव से बुध के रात पकडले बा ।
साह पुस १० गते से हि ब्यापारी के फुन करके रोपेया मँगले रहलन । पुलीस पीडित ब्यापारी के नाम गोप्य राखे खातिर निहोरा कईले बा । साह सँगे कुछ आदमी के सलग्नता रहला पर भी फरार भईला से उलोग के खोजतलास हो रहल पुलीस जनवले बा ।






