उपप्रमुख खुदे लगवली नगरपालिका मे ताला
उपप्रमुख खुदे लगवली नगरपालिका मे ताला

रौतहट २३ पुस
रौतहट के कटहरिया नगरपालिका के उपप्रमुख खुदे कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बानी । उपप्रमुख लगायत के जनप्रतिनिधि ८ बुँदे माग राखत सोमार के दिने ताला लगवले बाडन । पालिका के कर्मचारी के बाहर निकाल के उलोग नगरपालिका मे ताला लगवले बाडन ।
उपप्रमुख रप्तादेवी यादव के नेतृत्व मे गईल जनप्रतिनिधि के टोली नगरपालिका के कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बा । नगरप्रमुख अजयप्रकाश जैसवाल करार कर्मचारी, डिजल पेट्रोल, कर्मचारी के खाजा लगायत अनेकन शीर्षक मे अनियमितता कईल उपप्रमुख यादव के आरोप बा । इहे पुस १८ गते बईठल कार्यपालिका के बोर्ड के बईठक मे जानकारी मागला पर नगरप्रमुख जैसवाल २३ गते होखेवाला बईठक मे सभी विवरण पेस करेके बतवले रहलन ।
‘बईठक मे सहभागी होखे अईला पर नगरप्रमुख जैसवाल, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत गौरीशंकर सिंह ना अईलन,’ उ कहनी, ‘नगरप्रमुख आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत बईठक मे सहभागी ना होखेके आ हिउँदे अधिवेशन के खातिर कार्यपालिका सदस्यलोग के घर मे पुगके निर्णय पुस्तिका मे हस्ताक्षर करावल सुरु कईल नगरप्रमुख के नियत ठीक ना रहल तालाबन्दी मे उतरेके परल बा ।’
कउनो भी शीर्षक मे खर्च करेसे पहिले खर्च के प्रस्ताव उपर कार्यपालिका बोर्ड के बईठक से सुनिश्चित करेके, नगरक्षेत्र अन्तर्गत घरायसी प्रयोजन मे खर्च भईल विद्युत् महसुलबापत प्राधिकरण के बक्यौता रकम सुनिश्चित करेके, नगरपालिका मातहत तथा कार्यालय मे वितल समय मे खटत आईल कर्मचारी, डोर, करार, सफाइकर्मी, सभी के बाँकी तलब भुक्तानी करके कर्मचारी राखेके भा ना राखेके बारेमे छलफल होखेके माग राखके ताला लगावल उपप्रमुख यादव जानकारी देहनी ।
उपप्रमुख यादव सहित वार्ड नम्बर १ के अध्यक्ष भूपेन्द्र कुशवाहा, वार्ड नम्बर ४ के अध्यक्ष चन्दन कुशवाहा, वार्ड नम्बर ७ के अध्यक्ष सहिद मिया, कार्यपालिका सदस्य जामुन ठाकुर लगायत ताला लगावे गईल रहलन । नगरप्रमुख जैसवाल छलफल के माध्यम से समस्या के निकाश निकलेके बतवनी । ‘हम कउनो किसिम के अनियमितता कईले नईखी,’ कहत उ, ‘आरोप लगावल सजिलो बा । केहु के उक्साहट मे ताला लगावल उचित ना होखी । सभी मिलके गईला पर ठीक होखी ।’






