प्रसौनी गाँवपालिका के १४ वाँ गाँवसभा पुरा
प्रसौनी गाँवपालिका के १४ वाँ गाँवसभा पुरा

प्रभु यादव
बारा २७ पुस
बारा जिल्ला के प्रसौनी गाँवपालिका के १४ वाँ गाँवसभा तथा आ.व. २०८०÷०८१ के दुसरका गाँव सभा पुरा भईल बा ।
जनता के काम सहज आ पहुँच पुगल किसिम से कईल जारहल गाँवपालिका अध्यक्ष विनोद प्रसाद जैसवार बतावले बानी । गाँवपालिका से किसान के खातिर गेहु के उन्नत बिया सहुलियत रोपेया मे देके खेती करावल गईल जैसवार जनकारी करावले बानी । खेती मे दिन प्रतिदिन उर्वरता घटल जारहल बा जवना के बचावेला जैविक खाद सहुलियत दर मे देहल जारहल अध्यक्ष जैसवार जनकारी करावले रहनी ।
गाँवपालिका अध्यक्ष जैसवार के सभापतित्व मे भईल गाँवसभा मे उपाध्यक्ष किरण देवी, वार्ड अध्यक्ष लालबाबु मुखिया, यकुब अंसारी, बृजकिशोर कुशवाहा, इसलाम मिया, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुमित कुमार सिंह लगायत के लोग जनता के काम करे खातिर हरदम तईयार रहे के बतावले बानी । गाँवसभा मे पालिका कार्य समिति सदस्य सहित सभी वार्ड सदस्यलोग, कर्मचारी, पत्रकार सहित के सहभागिता रहल रहे ।






