माघ २८ गते से पिपरा मे होखेवाला श्री विष्णु महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरणमे

माघ २८ गते से पिपरा मे होखेवाला श्री विष्णु महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरणमे

वीरगंज २१ माघ

वीरगंज के पिपरा मे इहे माघ २८ गते से होखे लागल ९ दिने श्री विष्णु महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरण मे पुगल महायज्ञ व्यवस्थापन मूल समिति जनवले बा ।

एतवार के दिने पत्रकार सम्मेलन करके समिति महायज्ञ के तईयारी अन्तिम चरण मे पुगल जानकारी करवले बा ।

वीरगंज के पिपरास्थित चिनीमिल के जमिन मे होखेवाला महायज्ञ के कलश यात्रा माघ २७ गते सबेरे निकालेके आ महायज्ञ माघ २८ गते से सुरु होखेवाला पत्रकार सम्मेलन मे महायज्ञ के संरक्षक श्री श्री १००८ श्री जगत नन्दन दास महराज (पगला बाबा) जानकारी करवनी ।

उनका मुताविक महायज्ञ मे १०८ कुञ्ज मे १०८ गो मण्डली अखण्ड पूजापाठ तथा कीर्तन करेके कार्जक्रम बा । महायज्ञ मे रामचरितमानस पाठ प्रवचन, रामलीला, रासलीला, रामायण पाठसहित के कार्जक्रमसब भी होखी ।

९ दिन तक सञ्चालन होखेवाला महायज्ञ मे दैनिक १० हजार श्रद्धालु भक्तजन के खातिर भण्डारा के व्यवस्था कईल समिति जनवले बा । पत्रकार सम्मेलन मे संविधानसभा सदस्य अनिल रुङ्गटा, समाजसेवी मुर्लीधर रुङ्गटा, वीरगंज के पूर्वमेयर विजय सरावगी, नेपाल पत्रकार महासंघ के केन्द्रिय सचिव दीपेन्द्र चौहान लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।