वीरगंज सुक्खा बन्दरगाह–एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी के एक महिना भितर जमिन अधिग्रहण प्रक्रिया ओराई

वीरगंज सुक्खा बन्दरगाह–एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी के एक महिना भितर जमिन अधिग्रहण प्रक्रिया ओराई

वीरगंज २३ माघ

अधिग्रहण प्रक्रिया मे रहल वीरगंज महानगरपालिका–२५ स्थित सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह आ एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी बीच मे रहल सिर्सिया खल्वाटोला गाँव के खेत के मुआब्जा वितरण लगभग पुरा भईल बा ।

सुक्खा बन्दरगाह भन्सार कार्यालय के प्रमुख भन्सार अधिकृत रामप्रसाद मैनाली के मुताविक अभी तक स्थानीय जमिन धनी से करिब ४ अरब ८० करोड रोपेया मुआब्जा रकम बुझल बाडन ।

‘मुद्दा मामिला तथा प्राविधिक जटिलता रहल कुछ जग्गाधनी बाहेक अधिकांश से आपन खेत के मुआब्जा बुझल बाडन,’ कहत उ, ‘अब बाँकी रहल घरघडेरी, पोखरी, बानीनाली आ गाछि के मूल्यांकन करेके काम सुरु कईल बा ।’ एकरा खातिर अनेकन उपसमिति काम सुरु कईल उ बतवनी । प्राविधिकसब सम्मिलित उपसमितिसब सोमार से काम सुरु कईल आ १ महिना भितर पुरा करके ओरवावेके लक्ष्य के साथ काम हो रहल उ बतवनी ।

‘मुआब्जा निर्धारण करे खातिर सक्रिय उपसमितिसब एक महिना भितर काम पुरा करके मुआब्जा रकम निर्धारण करी,’ कहत उ, ‘ओकरा बाद केतना रकम मुआब्जा वितरण कईल जरुरी पडि उ उल्लेख करके अर्थ मन्त्रालय से मागल जाई ।’

सिर्सिया सुक्खा बन्दरगाह आ एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी के बीच मे परेवाला कूल ६२ बिगहा जमिन के ९ सय २० कित्ता जमिन अधिग्रहण प्रक्रिया संघीय सरकार से ७ बरीस पहिले सुरु कईले रहे । नेपाल सरकार के २०७३ पुस १७ के निर्णय से स्थानीय के जमिन अधिग्रहण प्रक्रिया अगाडि बढल बा ।

सरकारी मापदण्ड मुताविक, इहाँ मुआब्जा रकम सभी से बेसी प्रतिकठ्ठा ६७ लाख ७० हजार रोपेया आ सब से कम प्रतिकठ्ठा २४ लाख ६० हजार रोपेया रहल बा । करिब २ दशक पहिले से सञ्चालन

मे रहल सिर्सिया सुख्खा बन्दरगाह आ करिब ६ बरीस से सञ्चालन मे रहल एकीकृत सुरक्षा जाँच चौकी के बीच मे खल्वाटोला गाँव आ स्थानीय के खेत परेला । ई दु बडका संरचना बीच रहल ई टोल के अधिग्रहण करके मानव बस्ती पूर्ण रूप से हटईला के बाद दुनु संरचना एक दोसर से जोडल जाई ।

देश के आर्थिक गतिविधि मे बडका भूमिका खेलेवाला ई दुनु भन्सार विन्दु के जोडके निर्वाध रूप मे सञ्चालन करे खातिर सरकार ई भन्सार बीच के जमिन अधिग्रहण करेमे लागल बा । माकिर जमिन अधिग्रहण प्रक्रिया से गाँव मे बहुते जमिन रहल स्थानीय के बडका लाभ मिलल बा आ कम घडेरी मात्र होखेवाला स्थानीय के उठिबास भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।