नारायणी अस्पताल मधेश प्रदेश के स्वास्थ्य के मेरुदण्ड भईला से एकर स्तरोन्नति खातिर निजी क्षेत्र से कईल सहजोग सराहनीय : उपराष्ट्रपति यादव

नारायणी अस्पताल मधेश प्रदेश के स्वास्थ्य के मेरुदण्ड भईला से एकर स्तरोन्नति खातिर निजी क्षेत्र से कईल सहजोग सराहनीय : उपराष्ट्रपति यादव

अजय चौरसिया

वीरगंज २८ माघ

उपराष्ट्रपति रामसहाय प्रसाद यादव वीरगंज के नारायणी अस्पताल मधेश प्रदेश के स्वास्थ्य के मेरुदण्ड भईला से एकर स्तरोन्नति के खातिर निजी क्षेत्र से कईल सहजोग प्रशंसायोग्य भईल बतवले बानी ।

नारायणी अस्पताल मे बनल पोस्ट नेटल केयर वार्ड (पिएनसी) के एतवार के दिने उदघाटन करत उपराष्ट्रपति यादव स्वास्थ्य क्षेत्र मे देखल गईल विकृति के सभी केहु एकजुट होके हटावेके बात मे जोड देहनी । मधेश मे शिक्षा आ स्वास्थ्य के अवस्था कमजोर रहला से स्वास्थ्य आ शिक्षा के प्राथमिकता मे राखके तीन गो तह के सरकार से सुधार के खातिर ठोस काम करेके बात मे जोड देहनी ।

पिएनसी वार्ड बनला से अस्पताल मे मरेजी के ईलाज आ सेवा मे आउर सहजोग पुगेके बतावत मरेजी के गुणस्तरीय ईलाज मिले खातिर सरकारी अस्पताल के पूर्वाधार संगे सेवा भी चुस्त बनावे खातिर निहोरा कईनी । ईलाज के खातिर आवेवाला मरेजी आ कुरुवालोग के सहजता देवेके सुझाव देत गुणात्मक सेवा हि अस्पताल के ध्येय होखेके बात मे जोड देहनी ।

कार्जक्रम मे उद्योग वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री रमेश रिजाल केन्द्रिय अस्पताल के रुप मे रहल नारायणी अस्पताल के स्तरोन्नति के खातिर सरकार क्रियाशील रहल बतावत आधारभूत स्वास्थ्य सेवा मे सर्वसाधारण के पहुँच पुगावे खातिर सङ्घ, प्रदेश आ स्थानीय तह से एकापस मे समन्वय करके अगाडि बढेके बात मे जोड देहनी । वीरगंज मे जलदी हि संघीय सरकार प्रदेश के एक मात्र टर्सरी अस्पताल बनावत बा । ओकरा खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय प्रकृया अगाडि बढा चुकल बतवनी ।

केएनपी जापान प्रालि करिब ४५ लाख रोपेया के लगानी मे जापानी प्रविधि मार्फत निर्माण करके अस्पताल के हस्तान्तरण कईल उ वार्ड आजु से सञ्चालन मे आईल अस्पताल के मेसु डा. चित्तरञ्जन साह बतवनी ।

उ एकरा से पहिले अस्पताल मे ६९ शैया के प्रसूती विभाग सञ्चालन मे रहे । प्रसूती करईला के बाद मातारी आ बच्चा के कम्ति मे २४ घण्टा अस्पताल मे राखेके नियम भईला पर भी पिएनसी वार्ड ना भईला से तत्काल डिस्चार्ज करेके बाध्यता रहे । माकिर अब पिनएसी वार्ड सञ्चालन मे अईला के बाद नवजात शिशु आ सुत्केरी मातारी के ईलाज सँगे रेखदेख करेके सहज होखेके मेसु डा. साह बतवनी ।

अस्पताल विकास समिति के अध्यक्ष धिरज कुमार गुप्ता के सभापतित्व मे भईल उ कार्जक्रम मे पूर्वमन्त्री तथा जसपा नेपाल के प्रमुख सचेतक प्रदीप यादव, नेपाली कांग्रेस के केन्द्रिय सदस्य तथा प्रतिनिधी सभा सदस्य अजय चौरसिया, प्रतिनिधी सभा सदस्य प्रभु हजरा, प्रदेशसभा सदस्यलोग जनार्दन सिंह क्षेत्री आ श्याम पटेल, वीरगंज महानगरपालिका के मेयर राजेशमान सिंह, उपमेयर इम्तियाज आलम लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।