राजनीतिक आ आर्थिक क्षेत्र मे जनानी के सहभागिता जरुरी : यादव

राजनीतिक आ आर्थिक क्षेत्र मे जनानी के सहभागिता जरुरी : यादव

मेवालाल यादव

रौतहट ०८ फागुन

जनता समाजवादी पार्टी नेपाल के केन्द्रिय अध्यक्ष एवं बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर २ के प्रतिनिधिसभा सदस्य उपेन्द्र यादव राष्ट्र के विकास के खातिर जनानी के राजनीतिक आ आर्थिक क्षेत्र मे समान अवसर भईल जरुरी रहल बतवले बानी । उ जनानी–पुरुष के समान अधिकार आ अवसर ना होखे तक समतामूलक समाज के विकास होखे ना सकेके बतवनी ।

प्रजातन्त्र दिवस के अवसर मे राजदेवी मिडिया सेन्टर रौतहट मंगर के दिने गौर मे आयोजना कईल ११ वाँ जिल्लास्तरीय जनानी साइकल दौड़ प्रतियोगिता के पुरस्कार वितरण कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि अध्यक्ष यादव पितृसत्तात्मक सोच के चलते हि अभी तक जनानी पछाडि परल बतवनी ।

जनानी सशक्तिकरण के खातिर साइकल दौड़ प्रतियोगिता से सकारात्मक सन्देश देहल बतावत अध्यक्ष यादव सामाजिक परिवर्तन के खातिर अनेकन क्षेत्र मे पुरुष जईसन जनानी के सहभागिता करावेके बात मे जोड देहनी ।

कार्जक्रम मे प्रतिनिधिसभा सदस्य रञ्जू ठाकुर जनानी के समान अधिकार आ अवसर देके पुरुष से अगाडि बढे सकेके बतवनी ।

उ खेलकुद मे १४० जने सहभागी मेसे छनोट होके फाइनल मे सहभागी भईल २० जने मे गौर नगरपालिका– ५ के चञ्चला कुमारी प्रथम, राजदेवी नगरपालिका– ७ के रानी कुमारी यादव दुसरका आ गौर नगरपालिका– ४ के बबिता कुमारी तिसरका स्थान लिआईल रहनी । विजेता के ५० हजार नगद सहित शील्ड, दुसरका स्थान लियावेवाला के ३० हजार नगदसहित शील्ड आ तिसरका स्थान लियावेवाला के नगद २० हजारसहित शील्ड आ प्रमाणपत्र जसपा अध्यक्ष यादव देहले रहनी ।

फाइनल मे भाग लेहल लक्ष्मी पटेल, अंशु पटेल, सिमरिखी कुमारी साह, गुड्डी कुमारी, सोफिया खातून, शारदा कुमारी, सुगन्धा कुमारी, कमली कुमारी साह, मौसम कुमारी पासवान, रीता कुमारी, अमिता कुमारी, अनिशा कुमारी साह, गुड़ी कुमारी, अञ्जली कुमारी, आँचल मिश्रा, नन्दनी झा आ प्रीति कुमारी साह के सान्त्वना पुरस्कार स्वरुप एक–एक थान साइकल देहल गईल रहे ।

आयोजक संस्था के अध्यक्ष रामपुकार पटेल के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे मधेस प्रदेश सरकार के खानेपानी राज्यमन्त्री अब्बुल कलाम आजाद फूलबाबु, पूर्वकृषि राजयमन्त्री योगेन्द्र यादव, पूर्वप्रदेश सांसद रामकिशोर यादव, गौर नगरपालिका के पूर्वउपप्रमुख किरण ठाकुर लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।