५० बरीस पुरान फुटबल सहजोगी समिति
प्रभु यादव
बारा २६ असाढ
बारा मे सहजोगी फुटवल क्लब के एक कार्जक्रम कर के विमोचन कईल गईल । कलैया के ५० वरीस पुराना सहजोगी फुटवल क्लब शनिचर के दिन पुर्णता लेहले बा ।
उधोग वाणिज्य सँघ के सभाहल मे अखिल नेपाल फुटवल सँघ प्रदेश २ के अध्यक्ष नेपाल कार्की क्लब के विमोचन करत फुटवल क्लब के विकास से देश के पहिचान होखे के भईला से खेल ओर ईमान्दर होके लागे के परी बतावले बानी । कार्यक्रम मे शुभकामना मन्तव्य राखत नेकपा माओवादी केन्द्र के युवा नेता मुकेश साह ५० वरीस पुराना क्लब पुर्णता लेहल खुसी के खवर भईल जनकारी करावले बानी ।
पुस्ता सब जोगा के लियावल क्लब के निष्पक्ष होकर के लगला से क्लब निरन्तर चलेवाला भईल नेता साह जनकारी करावले बानी । खेलकुद मे बजेट बहुते भईला पर भि खेलाडी सब मे लगानी ना कईला से खेलाडि खेल से छोड रहल नेता साह जनकारी करावले बानी । स्थानिय सरकार कमिशन के लोभ मे परला से खेलकुद के विकास नाहोखे सकल नेता साह आरोप लगावले बाडन ।
स्थानिय सरकार के मेयर, उपमेयर, वार्ड अध्यक्ष कप करावे मे ५० प्रतिशत कमिशन लेरहल जवना के कारण खेल के विकास होखे ना सकल नेता साह सिकायत कईले बानी । विनोद गुप्ता के अध्यक्षता मे बिपिन चौधरी उपाध्यक्ष, रेयाजुल इस्लाम महासचिव, ओमप्रकाश कुश्वाहा सचिव, गोपाल महतो कोषाध्यक्ष, प्रवेश यादव, नागेन्द्र सहनी, आन्न्द गुप्ता, फिरोज कुमार सरार्फ, जितेन्द्र चौधरी, देवराज चौधरी, जयप्रकाश गुप्ता, सानू मगर सहित के १३ सदस्यीय कमिटी गठन भईल बा ।
विमोचन कार्जक्रम मे ५० वरीस पुराना सभे खेलाडि सब के सहभागिता रहल रहे । विधिवत रुप मे क्लब दर्ता कर के जिल्ला मे लोप होते जारहल फुटवल कैम्प सञ्चालन कर के फुटवल के विकास करे के नयाँ अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी । ५० वरीस पुराना फुटवल देश मे नाम कमाईल जिल्ला लगातर तीन बेर नरायणी चैम्पियन भईल रहल । ओईसने जोस लेके खेलाडि निमार्ण करे के ओर पहिलका प्राथमिकता रही अध्यक्ष गुप्ता जनकारी करावले बानी ।
रौतहट फुटवल सँघ के अध्यक्ष भगवान दर्लामी, कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर २ के वार्ड अध्यक्ष राजेश मण्डल, प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर २ के वार्ड अध्यक्ष सुरेश गुप्ता, सुरेश मोदक लगायत के लोग शुभकामना आ खेल के विकास के खातिर तयार भईल लोग के हौसला बढावले रहलन । कार्जक्रम मे ब्राईलैण्ड बोर्डिङ के सचालक मनोज यादव आपन विचार राखत २५ हजार के सहजोग क्लव के करे के कहल नेता मुकेश साह जनकारी करावले बानी ।