सखी संस्था डोम, नेटुवा आ विपन्न परिवार के लईकी के ड्रेस तथा शैक्षिक सामान बँटलख
सखी संस्था डोम, नेटुवा आ विपन्न परिवार के लईकी के ड्रेस तथा शैक्षिक सामान बँटलख

वीरगंज ०८ फागुन
सखीः महिलाको साथी संस्था के आयोजना तथा Mundo Cooperante के आर्थिक सहजोग मे फेटा गाँवपालिका वार्ड नं. १ मे डोम, नेटुवा आ विपन्न परिवार के ६५ जने लईकी के स्कूल ड्रेस तथा शैक्षिक सामान वितरण कईल बा ।
परियोजना Preventing Early Forced Marriage by Empowering Marginalized Girls and Communities अन्तर्गत आयोजना कईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि जिल्ला समन्वय समिति बारा के सभापति नरेन्द्र साह स्थानीय सरकार प्रमुख अईसन गरीब आ विपन्न परिवार के लईकालईकी के पढाइ के सुनिश्चितता करेके दायित्व रहला पर भी सखी संस्था अईसन ऐतिहासिक काम कईला मे संस्था के धन्यबाद देत डोम आ नेटुवा समुदाय मे छोट उमिर मे होखेवाला बियाह रोकेके तथा बच्चासब के जन्मदर्ता विषय मे आपन तह से पहल करके पूर्ण सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवले रहनी ।
एहितरे युवा नेता उमेश कुशवाहा स्थानीय सरकार प्रमुख विकास के प्राथमिकता मे खाली भौतिक योजना आ विकास के ना राखके गरिब विपन्न के भी गुणस्तरीय शिक्षा मिलेवाला वातावरण बनावेके आ विशेष प्याकेज लियावेके जईसन योजना के भी गम्भीर रूप मे राखे खातिर निहोरा कईले रहनी ।
सखी संस्था के अध्यक्ष मधु कुशवाहा के सभाअध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे फेटा गा.पा. अध्यक्ष रुस्तम अंसारी, प्रसौनी गा.पा. अध्यक्ष विनोद जयास्वार, फेटा के उपाध्यक्ष निलम साह, प्रसौनी उपाध्यक्ष किरण साह, फेटा वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष विगन दास, वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष नरेश पटेल, वार्ड नं ५ के वार्ड अध्यक्ष आयुब अंसारी, वार्ड नं ७ के वार्ड अध्यक्ष पपू सिंह, जिल्ला ट्राफिक के प्रहरी सहायक निरिक्षक रामभक्त राय, समाजसेवी तथा पत्रकार उमेश दुबे, वार्ड सदस्य सुरेन्द्र यादव, युवा नेता शेषनाथ यादव, अजय पटेल, संदेश पटेल, प्र.अ.लोग पारस जायसवाल, उमेश शुक्ला, बलिराम सर, फेटा गा.पा के महिला शाखा प्रमुख पुनम साह लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






