मुअल बाघ के मासु पोष्टमार्टम के खातिर पर्सा राष्ट्रिय निकुन्ज गईल, बाघ नियन्त्रण खातिर चितवन के टोली पर्सा मे

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज २० फागुन,
पर्सा जिल्ला के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नं. २ रामभौरी टोल मे शनिचर के दिने मुअल अवस्था मे मिलल बाघ के पोष्टमार्टम के खातिर मासु के नमुना संकलन करके पर्सा राष्ट्रिय निकुन्ज के चिकित्सक टोली लेगईल बाडन ।
डिविजन वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख हेमन्त प्रसाद साह के मुताविक निकुन्ज से आईल चिकित्सक सहित के टोली एतवार के दिने पोष्टमार्टम के खातिर बाघ के मासु के नमुना संकलन करके लेगईल बा । पोष्टमार्टम के रिपोर्ट आवे खातिर कुछ दिन लाग सकेके उ बतवनी ।
पोष्टमार्टम के बाद बाघ के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे हलावल साह बतवनी । ‘बाघ के देह महके लागल रहे, सभी कानूनी प्रकृया पुरा करके हलावल गईल बा,’ कहत उ, ‘बयस्क बाघ बेमार रहल प्रारम्भिक अनुमान बा ।’
मृत बाघ रामभौरी टोल से ३ सय मिटर पूर्व दिपनारायण आदर्श मावि के खाली खेत मे मिलल रहे । स्थानीय मुअल बाघ के देखला के बाद पुलीस के खबर कईले रहलन ।
एहितरे पटेवासुगौली गाँवपालिका मे करिब एक महिना से स्थानीय के आक्रमण करके घायल बना रहल दोसर बाघ के नियन्त्रण मे लेवे खातिर चितवन राष्ट्रिय निकुन्ज के एगो प्राविधिक टोली एतवार के दिने आवे लागल साह बतवनी ।
‘लम्हर समय से पटेर्वासुगौली गाँवपालिका–२ मे राष्ट्रिय वन लगे रहल मानव बस्ती बगल मे स्थानीय के आक्रमण करके घायल बना रहल उ बाघ के नियन्त्रण मे लेवे खातिर स्थानीय से भी बहुते दबाव आ रहल बा,’ कहत उ, ‘टोली क्यामेरा ट्रयाप, डार्ट आदि करके भी उ बाघ के नियन्त्रण मे लेवेके प्रयास करी ।’
उ बाघ के नियन्त्रण मे लेवे खातिर वन्यजन्तु बिभाग के पत्राचार कईल आ बिभाग के निर्देशन मे चितवन से उ टोली आवे लागल साह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।