नेपाली काँग्रेस गौरद्वारा होली मिलन तथा शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम
नेपाली काँग्रेस गौरद्वारा होली मिलन तथा शुभकामना आदानप्रदान कार्जक्रम

मेवालाल यादव
रौतहट ५ चईत
नेपाली काँग्रेस नगर समिति गौरद्वारा २०८० साल के होली के अवसर मे “होली मिलन तथा शुभकामना आदान प्रदान कार्जक्रम” सोमार के दिने पुरा भईल बा ।
गौर स्थित कृष्णा इन होटल मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि एवं नेपाली काँग्रेस नगर कार्यसमिति के सभापति मोहन यादव असत्य उपर सत्य के विजय भईल दिन के उत्सव के रुप मे परापूर्वकाल से मनावत आईल होली पर्व के भव्य, सभ्य एवं मर्यादित तरिका से मनावेके जिकिर कईनी ।
हमनी सत्ता मे रहला पर भा विपक्ष मे रहला पर हरदम संघर्ष करत आईल बतावत प्रदेश सरकार से आईल विकास निर्माण के काम के स्थानीय सरकार के प्रमुख के निर्देशन मे वार्ड अध्यक्षलोग बाधक बनला पर भी हमनी सौहाद्रपूर्ण रुप मे लेके ई होली पर्व से उ असत्य के चिरत सत्य रुपी विकास निर्माण मे पुरा करावेके पक्ष मे हमनी अनवरत रुप मे संघर्ष करत अगाडि बढेके बतवनी ।
होली पर्व मे पुराना खिंस, द्वेष, इश्या के भुलाके नयाँ सम्बन्ध कायम करेके उदेश्य से खुशीयाली से मनावे खातिर सभी गौर नगरवासी समक्ष निहोरा कईले रहनी । नेपाली काँग्रेस क्षेत्रिय सभापति अबधकिशोर प्रसाद होली पर्व मे कउनो किसिम के हुल हुज्जत एवं अप्रिय कामसब ना करके सभ्य रुप मे होली पर्व मनाके एकर गरिमा कायम करे खातिर नगरवासी से निहोरा कईनी ।
कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ के मधेश प्रदेश सदस्य शैलेन्द्र झा आ वरिष्ठ संचारकर्मी प्रभातकुमार झा होली पर्व आसुरी शक्ति के दैवी शक्ति परास्त करके विश्वास के आधार के डगमगाए ना देके जनजन के विश्वास के आदिकाल से हि चल रहल होली पर्व मे दुशमन भी दोस्त बनके एक आपस मे अविर रंग खेलके मनावेके चलन रहला से गौर सहित रौतहट जिल्लाबासीलोग सभ्य रुप मे होली पर्व मनाके देखावेके अवसर रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे वार्ड नम्वर ८ के वार्ड अध्यक्ष जनाद्र्धन साह, संजय कर्ण, संजय यादव, बब्लु यादव लगायत के लोग शुभकामना मनव्य रखले रहलन ।





