पर्सा से तीन जने जुवाडे पकडईलें

वीरगंज १८ फागुन

पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका से आजु तीन जने जुवाडे पकडाईल बाडन ।

पकडाएवाला मे बहुदरमाई नगरपालिका–९ के ४० बरीस के गुरदेली साह, बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–२३ के २३ बरीस के जंगबहादुर साह आ कलैया–१४ के ४० बरीस के राजेश मेहता रहल बाडन ।

बहुदरमाई–१ स्थित बाँसघारी मे जुवा खेल रहल सूचना के आधार मे पुगल पुलीस टोली घेरा डालके उलोग के नियन्त्रण मे लेहले बा । उ समय मे जुवा खेलावेवाला आदमी रवीन्द्र महतोसहित १५ जने से बेसी आदमी फरार भईल आ उलोग के खोजीकाम जारी रहल पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

प्रहरी नायव उपरीक्षक खनाल के मुताविक जुवाखाल से एकलाख ७६ हजार ४१५ रोपेया बरामद भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।