पर्सा मे बाघ के आक्रमण से एक जनानी के मृत्यु
पर्सा मे बाघ के आक्रमण से एक जनानी के मृत्यु

वीरगंज ०५ चईत
पर्सा के ठोरी मे बाघ के आक्रमण से एक जनानी के मृत्यु भईल बा । बाघ के आक्रमण से ठोरी गाँवपालिका–४ मालीबस्ती के ४० बरीस के कलावती सुवेदी के मृत्यु भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी जनवले बा ।
इलाका प्रहरी कार्यालय ठोरी के प्रहरी निरीक्षक सन्तोष राई के मुताविक मालबस्ती गाँव लगेके जंगल किनार मे घाँस काटे गईल समय सोमार के सँझिया करिब ४ः३० बजे जंगल से आईल बाघ आक्रमण कईल पर सुवेदी के मृत्यु भईल बा ।
आक्रमण करेवाला बाघ जंगल ओरी भागल स्थानीय बतवले बाडन । जनानी के लास पोष्टमार्टम के खातिर वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे पठावेके तईयारी हो रहल प्रहरी निरीक्षक राई जानकारी देहनी ।
एक महिना भितर पर्सा मे बाघ के आक्रमण से ज्यान गुमावेवाला के संख्या दु पुगल बा । एकरा से पहिले पटेर्वा सुगौली गाँवपालिका मे बाघ के आक्रमण से एक पुरुष के मृत्यु भईल रहे । पर्सा के ठोरी, पटेर्वा सुगौली आ सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के अनेकन गाँव मे वितल एक महिना से आतंक मचावत आईल बा । आतंक मचावेवाला दु गो बाघ मेसे भाले पाटे बाघ के बितल बियफे के दिने मात्र तीन गो हाथी के मद्दत मे पर्सा आ चितवन राष्ट्रिय निकुञ्ज के संयुक्त प्राविधिक टोली सखुवा प्रसौनी गाँवपालिकास्थित उखुबारी से डाट करके नियन्त्रण मे लेहले रहे । पोथी बाघ के नियन्त्रण मे लेवे खातिर उ टोली असफल भईल रहे ।






