द्वैध चरीत्र के चलते नेपाली कांग्रेस कमजोर होत गईल : मन्त्री साह

मेवालाल यादव

रौतहट ०६ फागुन

सहरी विकास मन्त्री प्रभुु साह द्वैध चरित्र के चलते नेपाली कांग्रेस पार्टी कमजोर होत गईल बतवले बानी । गृहजिल्ला रौतहट के गुजरा नगरपालिका स्थित बियफे के दिने डिविजन सडक कार्यालय रौतहटद्धारा आयोजना कईल पक्कीसडक उदघाटन तथा पुल सिलान्यास कार्जक्रम के संबोधन करत मन्त्री साह उ बात बतवनी ।

प्रधानमन्त्री केपी ओली नयाँ जनादेश के खातिर संसद बिघटन करके आवेवाला बैशाख १७ आ २७ गते दु चरण मे चुनाव के घोषणा कईले बाडन ।

कुछ असन्तुुष्ट पक्ष प्रतिगमन कहत अदालत के शरण मे पुगल बाडन कहत मन्त्री साह कुछ दल आन्दोलन मे बाडन माकिर कांग्रेस के नेतालोग अदालत के फैसला देखेवाला अर्काथरी आन्दोलन करके दोहरो चरित्र प्रदर्शन कईले बाडन ।

उहे अवसर मे नेकपा प्रदेश २ के अध्यक्ष भी रहल प्रभुु साह एकरा से पहिले सहरी विकास मन्त्री रहला पर उहे मन्त्रालय से स्विकृत बाल्चनपुर जंगलसहीया आ खतवहिया परसवा, पक्की सडक के उदघाटन कइनी ।

रमन सगरमाथा जेभीद्धारा १६ करोड, ३८ हजार २६९ रोपेया के लागत मे बाल्चनपुर जंगलसहीया सडक मे १० किलोमिटर मे आ ९ करोड ११ हजार के लागत मे खतवहिया परसवा ७ किलोमिटर पिंच भईल सघन सहरी तथा भवन डिविजन कार्यालय बिरगंज के प्रमुख रन्जन दास जानकारी देहनी ।

एहितरे सहरी विकास मन्त्री प्रभुु साह बाल्चनपुर जंगलसैया सडकखण्ड अन्तरगत गुजरा नदी के पुल के सिलान्यास कईले बानी । कुुल लागत ६ करोड, ८५ लाख ४३ हजार रहला मे ५० मिटर लम्बाई ११ मिटर चौडाई पुल निर्माण के ठेक्का सगुन राजदेवी जेभी से लेहल डिविजन सडक कार्यालय चन्द्रपुर के प्रमुुख बिनोद कुमार मौवार जानकारी देहनी ।

बाल्चनपुर जंगलसैया सडकखण्ड मे पुल के कमी से हरेक बरीस बर्षात के समय मे गुजरा नदी मे अनेकन दुर्घटना होत आईल बा । पुल सिलान्यास तथा सडक उदघाटन समारोह मे मन्त्री प्रभुु साह के साथे प्रदेश सांसद कुन्दन कुुश्वाहा, कटहरिया के मेयर सियाराम कुश्वाहा, मौलापुर के मेयर रिनाकुमारी साह, प्रमुुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव, प्रहरी उपरिक्षक सीद्धी बिक्रम शाह, सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक सुरजसेन ओली लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।