वीरगंज मे कल सेन्टर खोलके भारत, पाकिस्तान मे भी ठगी धन्दा करेवाला चिनियाँ गिरोह के पुलीस कईलख सार्वजनिक
वीरगंज मे कल सेन्टर खोलके भारत, पाकिस्तान मे भी ठगी धन्दा करेवाला चिनियाँ गिरोह के पुलीस कईलख सार्वजनिक

वीरगंज १८ चईत
सामाजिक सञ्जाल आ मोबाइल फुन मार्फत नेपाल, भारत, पाकिस्तान लगायत के देश के नागरिक के अनेकन प्रलोभन मे पारके अनलाइन ठगी करेवाला चिनियाँ गिरोह के वीरगंज से पुलीस पकडले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १५ लक्ष्मणवा स्थित साढे दु तल्ले घर भाडा मे लेके कल सेन्टर स्थापना करके अनलाइन ठगी के धन्दा चला रहल चिनियाँ गिरोह के पुलीस शनिचर के दिने पकडले बा ।
पकडाएवाला मे तीन जने चिनियाँ नागरिक आ चिनियाँ भाषा के अनुवाद करेवाला दु जने नेपाली रहल बाडन । उ मेसे चिनियाँ नागरिक के एतवार के दिने पुलीस सार्वजनिक कईले बा । अनुवादक दु जने नेपाली के पुलीस परिचय खुलवले नईखे । पकडाएवाला मे चिनियाँ नागरिक मे हुवान प्रान्त के ३३ बरीस के लियु सियु साइ, हुबेइ प्रान्त के २६ बरीस के वाङ्ग बोहान आ हुबेइ प्रान्त के ३६ बरीस के छियाङ्ग छियो रहल बाडन ।
वीरगंज मे दु महिना से कल सेन्टर कार्यालय हि स्थापना करके अनलाइन चिठ्ठा, अनलाइन सपिङलगायत अनेकन किसिम के प्रलोभन देखाके नेपाली तथा विदेशी आदमीसब के ठगी करेवाला गिरोह सक्रिय रहल कहके सूचना करिब डेढ महिना पहिले पुलीस के मिलल रहे । उहे सूचना के आधार मे शनिचर के दिने दुपहरिया पुलीस वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ नगवा मे डेरा लेके रहत आईल लियु आ वाङ्ग के तथा वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ६ से छियाङ्ग के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
उलोग के नियन्त्रण मे लेहला सँगे पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक कुमोध ढुंगेल नेतृत्व के प्रहरी टोली उलोग कल सेन्टर स्थापना कईल वीरगंज–१५ लक्ष्मणवास्थित नन्दु पटेल के घर मे पुगके छापा मरले रहे । उ समय मे घर मे सञ्चालित कल सेन्टर से पुलीस बहुते परिमाण मे विद्युतीय उपकरण, कम्प्युटर, ल्यापटप, मोबाइल सेट, सिमकार्ड लगायत के सामग्री बरामद कईले रहे ।
पूरा घर हि भाडा मे लेके सञ्चालन कईल उ कल सेन्टर के कार्यालय से डेक्सटप कम्प्युटर १२० थान, मनिटर ११८ थान, ल्यापटप ४ थान, अनेकन ब्राण्ड के मोबाइल ३५ थान, भारतीय जियो मोबाइल के सिम १३ थान, प्रिन्टर १ थान, किबोर्ड २६ थान, इन्टरनेट स्वीच ५ थान, वाइफाइ राउटर २ थान, इन्भर्टर २ थान, अनेकन बैंक के एटिएम कार्ड तीन थान, मलेसियन मुद्रा ३७ रिंगिट, कम्बोडियन मुद्रा ३ हजार पाँच सय आ नेपाली रोपेया ४३ हजार तथा पकडाईल तीन जने चिनियाँ नागरिक के पासपोर्ट तीन थान बरामद कईल प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल जानकारी देहनी ।
एहितरे उ घर से बीआर ०१ सिएक्स ५७९२ नम्बर के उजर रंग के आई ट्वान्टी कार एक थान आ प्र.२–०३–०११ प १३६७ नम्बर के एफजेड मोटरसाइकल १ थान भी बरामद कईल प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल बतवनी ।
एतवार के दिने जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल ई गिरोह मे संलग्न तीन जने चिनियाँ नागरिक के मात्र पकडल जानकारी देहला पर भी पुलीस आउर दु जने चिनियाँ नागरिक के भी नियन्त्रण मे लेहले बा ।
वीरगंज के होटल भिस्वा से पुलीस आउर दु चिनियाँ नागरिक के नियन्त्रण मे लेहले बा । माकिर, पत्रकार सम्मेलन मे प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल अनुसन्धान के समय मे आउर दु चिनियाँ नागरिक के नियन्त्रण मे लेहला पर भी अनुसन्धान के समय मे उलोग के संलग्नता ना देखल गईल बतवनी । पुलीस के अनुसन्धान के समय मे उ दु चिनियाँ नागरिक पर्यटक के रूप मे वीरगंज मे घुमे आईल खुलला से उलोग के जरुरी प्रक्रिया पूरा करके रिहा करेके बतवनी । एहितरे पकडाईल चिनियाँ भाषा के अनुवादक दु नेपाली नागरिक के भी तारिख मे रिहा करेके ढुंगेल बतवनी ।
पत्रकार सम्मेलन मे प्रहरी उपरीक्षक ढुंगेल प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे पकडाईल तीन जने चिनियाँ नागरिक पटेल के घर भाडा मे लेके दु महिना से कल सेन्टर कार्यालय स्थापना करके कर्मचारी भी राखके अनलाइन ठगी करत आईल रहलन । नेपाल, भारत, पाकिस्तान लगायत के देश मे रहल आदमीसब से सामाजिक सञ्जाल आ मोबाइल फुन मार्फत अनलाइन चिठ्ठा परल लगायत के प्रलोभन मे पारके उलोग ठगी करत आईल खुलल जानकारी ढुंगेल देहनी ।
पकडाईल चिनियाँ नागरिक अनेकन देश के नागरिक से अनालइन ठगी कईल रोपेया भारत के अनेकन बैंक मार्फत कारोबार हो रहल देखल गईल उ बतवनी । उलोग ई धन्दा के खातिर नेपाल, भारत, पाकिस्तान लगायत के देश मे आपन एजेन्ट भी राखल तथ्य अनुसन्धान के समय मे खुलल ढुंगेल बतवनी ।
नियन्त्रण मे लेहल मोबाइल फुन मे रेकर्ड भईल संवाद चिनियाँ भाषा मे रहल आ बयान के समय मे उलोग चिनियाँ भाषा मे बोलरहला से चिनियाँ भाषाविद् आ अनुवादक के बोलाके आउर अनुसन्धान करेके ढुंगेल बतवनी । ओकरा बाद मात्र ई गिरोह के वास्तिवकता खुलेके बतवनी ।






