जितपुरमे ६७ वां राष्ट्रिय सहकारी दिवस भब्य रुप मे मनावल गईल
जितपुरमे ६७ वां राष्ट्रिय सहकारी दिवस भब्य रुप मे मनावल गईल

प्रभु यादव
बारा २० चईत
जीतपुरसिमरा उपमहानगर पालिका मे ६७ वां राष्ट्रिय सहकारी दिवस भब्य रुप मे मनावल गईल बा । मंगर के दिने पालिका के जीतपुर स्थित कार्यालय से प्रभातफेरी सहित निकलल सहकारीकर्मीलोग के बहुते सहभागिता मे पालिका के वार्ड नं.७ स्थित खुल्ला मैदान मे सभा करके पुरा भईल बा ।
“सहकारी मे शुसासन, प्रविधि आ एकीकरण” कहके मुल नारा सहित आयोजना कईल सहकारी दिवस विशेष समारोह के नगरप्रमुख राजन पौडेल उदघाटन कईले रहलन । अनेकन फोरमसब मे सहकारी एकीकरण के सवाल उठावत आईल नगरप्रमुख पौडेल ई बरीस के नारा मे एकीकरण के बात समेटल गईला मे खुशी जनवले रहलन ।
उ सहकारीसब के संख्या से बेसी सेवा के हिसाब से गुणात्मक विकास जरुरी भईल बतवनी । सहकारीसब सदस्य के जरुरत के आधार मे संचालन होखेके बात मे जोड देहले रहनी । नगर सहकारी अभियान के प्रभावकारी बनावे खातिर कउनो कसर बाँकी ना राखेके कहत अनुगमन आ नियमन के प्रभावकारी बनावेके बतवनी । एकरा सँगे सहकारी सदस्यलोग के जीवन परिर्वत मे भुमिका वृद्धि के खातिर सहकारीसब सँगे के सहकार्य मे तालिम, गोष्ठि लगायत के अनेकन कार्जक्रम संचालन करेके भी नगरप्रमुख पौडेल बतवनी ।
एहितरे बारा बचत तथा ऋण सहकारी संघ के अध्यक्ष सतेन्द्र ठाकुर पिछिलका समय सहकारी के कर्जा तिरेके ना पडि कहेवाला के पछाडि ना लागे खातिर सहकारी के सदस्यलोग के निहोरा कईनी । “सहकारी संस्था के सदस्यलोग के पूँजी लगानी संचालित सहकारी के सदस्यलोग से लेहल कर्जा मिनाहा होखेके बात के कउनो सम्भाावना नईखे । भ्रम मे परके सहकारी धरासायी बनावेवाला के पछाडि ना लागीं,” उ कहनी ।
एहितरे कार्जक्रम मे नगर सहकारी समन्वय समिति के सदस्य मुकुन्द बहादुर क्षेत्री, सहकारी पत्रकार समाज बारा के अध्यक्ष पुष्पराज खतिवडा, साना किसान कृषि सहकारी संस्था लि.सिमरा के अध्यक्ष कमला अधिकारी, जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के प्रशासकीय अधिकृत शिवजी प्रसाद लगायत सहकारी के सवल पक्ष देखत संचालन मे सावधानी अपनावेके बात मे जोड देहनी ।
उपमहानगरपालिका सहकारी दिवस के अवसर मे सहकारी के विषय मे विद्याबारीधि कईल प्रथम नगर प्रमुख स्व. डा. कृष्ण पौडेल के मरणोप्रान्त सम्मान कईले बा । सम्मान स्व. पौडेल पत्नी शर्मिला पौडेल के प्रदान कईल रहे ।
एहितरे पालिका स्तर के अनेकन उत्कृष्ठ ११ गो सहकारी संस्था तथा सहकारी अभियान मे सक्रिय रहके अभी कानुनी प्रावधान के चलते सहकारी के मुख्य जिम्मेवारी छोडल शिक्षक तथा जनप्रतिनीधि २५ जने के भी सम्मान कईल रहे ।
नगर सहकारी समन्वय समिति के अध्यक्ष एवं नगर उपप्रमुख भोला प्रसाद अधिकारी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे सहकारी दिवस मुल आयोजक समिति के सदस्य जनकल्याण बहुउदेश्य सहकारी संस्था के अध्यक्ष गणेशजी प्रसाद साह स्वागत कईले रहनी आ नगर सहकारी शाखा के प्रमुख सुधन चौधरी सञ्चालन कईले रहनी ।






