रमजान के रोजा रहल मुस्लिम धर्मावलम्बी के वीरगंज मे संयुक्त इफतारी

रमजान के रोजा रहल मुस्लिम धर्मावलम्बी के वीरगंज मे संयुक्त इफतारी

वीरगंज २३ चईत

पवित्र पर्व रमजान के रोजा रहल मुस्लिम धर्मावलम्बीलोग के खातिर शुक के दिने सँझिाय वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १० आदर्शनगर स्थित पुराना बसपार्क मे संयुक्त इफतारी समारोह आयोजना कईले बा । आपसी भाइचारा अभिवृद्धि करेके उदेशय से वीरगंज महानगरपालिका के आयोजना मे भईल इफतारी मे महानगर के ३२ गो वार्ड के करिब २ हजार ७ सय से बेसी मुस्लिम धर्मावलम्बी सहभागी भईल रहलन । शुक के सँझिया आयोजना कईल इफतारी मे सहभागी मुस्लिम धर्मावलम्बी के महानगरपालिका अनेकन परिकार के साथे जलपान ग्रहण करवले रहे ।
वीरगंज महानगर के मेयर राजेशमान सिंह मुस्लिम धर्मावलम्बी के सब से बडका पर्व रमजान के अवसर मे आयोजना कईल इफतारी मे सहभागी सभी के शुभकामना देत धन्यवाद भी व्यक्त कईले रहलन ।
एक दोसर के धर्म आ पर्व उपर सम्मान करत आपसी सद्भाव आ धार्मिक सहिष्णुता कायम राखे खातिर मुस्लिमलोग के मुख्य पर्व रमजान के उपलक्ष्य मे महानगरपालिका बितल बरीस से इफतारी समारोह आयोजना करत आईल कहत मेयर सिंह एकरा के आवेवाला बरीस भी निरन्तरता देवेके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।