दबाव आ प्रभाव मे ना परके प्रभावकारी काम करीं : गृहमन्त्री लामिछाने
दबाव आ प्रभाव मे ना परके प्रभावकारी काम करीं : गृहमन्त्री लामिछाने

जनकपुरधाम, २८ चईत
उपप्रधानमन्त्री एवं गृहमन्त्री रवि लामिछाने स्थानीय प्रशासन से दबाब तथा प्रभाव मे ना परके कानुन कार्यान्वयन मे दक्षतापूर्ण आ प्रभावकारीरूप मे काम करे खातिर सम्बद्ध अधिकारीलोग के निर्देशन देहले बानी ।
नेपाल सरकार, गृह मन्त्रालय आ मधेस प्रदेश, गृह, सञ्चार तथा कानुन मन्त्रालय के संयुक्त आयोजना मे बुध के दिने जनकपुरधाम मे भईल प्रदेशस्तरीय सुरक्षा गोष्ठी के बाद सञ्चारकर्मी से बात करत गृहमन्त्री लामिछाने वर्तमान सरकार बढिया काम करेवाला के पुरस्कृत आ खराब काम करेवाला के दण्डित करेके उल्लेख करत उहे मुताविक जनहित मे काम करे खातिर निर्देशन देहनी ।
गृहमन्त्री लामिछाने मधेश प्रदेश के सुरक्षा संवेदनशीलता, खुला सीमा, लागुऔषध दुव्र्यसनी, मिटरब्याज, विपद् व्यवस्थापन लगायत के समस्या समाधान करे खातिर समन्वयात्मक तरिका से काम करे खातिर भी निर्देशन देहनी । “मधेस प्रदेश के सुरक्षा संवेदनशीलता, इहाँ के मूलभूत समस्या आ चुनौती के पहिचान करे खातिर ई गोष्ठी के महत्वपूर्ण मनले बानी । अब प्रदेश तथा जिल्लास्तरीय सुरक्षा नेतृत्व से सङ्घीय सरकार, प्रदेश सरकार आ स्थानीय तह से समन्वय करके पहिचान भईल समस्या, लागुऔषध दुव्र्यसन नियन्त्रण, सवारी दुर्घटना न्यूनीकरण, अनुमति ना लेके सञ्चालन कईल आ एगो उद्देश्य लेके दोसर काम कईल सङ्घ, संस्था भा व्यवसाय तत्काल बन्द करावे खातिर निर्देशन देहले बानी”, उ कहनी ।
मधेस प्रदेश धार्मिक पर्यटन के खातिर महत्वपूर्ण स्थान भईला से पर्यटन प्रवद्र्धन के खातिर सहजीकरण, अनुचित लेनदेन (मिटरब्याज) समस्या के समाधान के खातिर पीडित के पक्ष मे काम करेके माकिर व्यवहारिक लेनदेन आ वैधानिक कारोबार के भी मिटरब्याज के रुप मे स्थापित करेवाला काम होखो, सीमा सुरक्षा आ सीमापार अपराध नियन्त्रण करेके, कारागार के सुधारगृह के रूप मे विकास करेके, विपद् के कारण से कउनो भी नागरिक के ज्यान गुमावे ना परेके स्थिति सृजना के खातिर प्रभावकारी रुप मे काम करे खातिर भी निर्देशन देहल गृहमन्त्री लामिछाने बतवनी ।
कार्जक्रम मे मधेस प्रदेश के मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव प्रदेश भितर शान्ति सुरक्षा के अवस्था मे आउर सुधार कईल जरुरी रहल आ ओकरा खातिर सुरक्षा निकाय तथा स्थानीय प्रशासन से जरुरी सहजोग तथा समन्वय करे खातिर प्रदेश सरकार तईयार रहल बतवनी ।
मधेस प्रदेश के गृह, सञ्चार तथा कानुनमन्त्री राजकुमार लेखी मधेस प्रदेश के शान्ति, सुरक्षा तथा अपराध नियन्त्रण के हिसाब से अब्बल प्रदेश के रुप मे विकास कईल हमनीसब क्रियाशील रहल बतवनी । गृहसचिव एकनारायण अर्याल स्थानीय प्रशासन से सेवाप्रदायक मात्र ना होके कानुनबमोजिम काम भईल ना भईल नियमन करेवाला नियामक के भूमिका मे भी प्रस्तुत होखेके कहत उहे मुताविक काम करेके जरुरत रहल बतवनी । कार्जक्रम मे अर्थसचिव कृष्णहरि पुस्कर, नेपाल प्रहरी के महानिरीक्षक वसन्तबहादुर कुँवर, सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल के महानिरीक्षक राजु अर्याल, राष्ट्रिय अनुसन्धान विभाग के मुख्य अनुसन्धान निर्देशक हुतराज थापा, नेपाली सेना के उपरथी प्रेमध्वज अधिकारी लगायत मधेस प्रदेश के आठ जिल्ला के प्रमुख जिल्ला अधिकारी, सुरक्षा निकाय के प्रमुख तथा प्रतिनिधि के सहभागिता रहल रहे ।






