बारा मे ८ हजार से बेसी लागू औषध सहित एक जने पकडईलें

बारा मे ८ हजार से बेसी लागू औषध सहित एक जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा ०२ बैशाख

बारा मे बहुते परिमाण मे लागू औषध सहित एक जने पकडाईल बाडन । पकडाएवाला मे रौतहट के मौलापुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ३ गम्हरीया घर भईल २० बरीस के अनिल बैठा रहल बाडन ।
बारा के जितपुरसिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १ पथलैया से बैठा के बितल शुक के रात लागु ओैषधसहित पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा । पुलीस के मुताविक रौतहट के मौलापुर से काठमाण्डु जा रहल प्र.०३–००१ ख २७०१ नम्बर के रात्रीबस के पथलैया मे पुलीस रोकके चेकजाँच कईले रहे । उ समय मे बस मे सवार बैठा के साथ से डाईजापाम ट्याब्लेट २५५० पिस, नाईट्राभेट ४६६५ पिस आ नोरफिन १२५० पिस बरामद भईल बारा प्रहरी के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक दधिराम न्यौपाने जानकारी देहनी ।
लागु ओैषध सहित पकडाईल बैठा के पुलीस एतवार के दिने सार्वजनिक कईले बा । बैठा के जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के हिरासत मे राखके कारवाही प्रकृया अगाडि बढावल न्यौपाने जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।