पर्सा के हरिहरपुर मे आगलागी भईला पर पाँच गो घर जरल

पर्सा के हरिहरपुर मे आगलागी भईला पर पाँच गो घर जरल

वीरगंज १२ बैशाख

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर ३ हरिहरपुर मे बुध के दिने आगलागी भईला पर पाँच गो घर पूर्ण रुपमे जरके नोक्सान भईल बा ।
स्थानीय योगेन्द्र साह के घर से सुरु भईल आगलागी पडोसी भरत साह कानु, हरिन्द्र साह कानु, लक्ष्मी साह कानु आ सेठ साह कानु के घर मे भी लागल रहे । आगलागी से पाँच जने के घर आ घर भितर रहल सामान जरके नोक्सान भईल जनावल गईल बा ।
आगलागी से पाँच गो घर जरके नोक्सान भईला पर भी मानवीय क्षति ना भईल ईलाका प्रहरी कार्यालय लंगडी के प्रहरी नायब निरीक्षक तेजेन्द्र बिसी बतवनी । आगलागी के कारण समाचार तईयार करे तक खुले ना सकल उ बतवनी । आलागी से भईल धनमाल के क्षति के विवरण संकलन हो रहल बतवनी ।
हरिहरपुर मे भईल आगलागी पोखरिया से गईल वारुण यन्त्र के सहजोग मे पुलीस आ स्थानीयबासी के सहजोग मे बुतल जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।