आगलागी पीडित के खातिर जलदी प्याकेज सहित राहत के व्यवस्था होखी : मुख्यमन्त्री यादव
आगलागी पीडित के खातिर जलदी प्याकेज सहित राहत के व्यवस्था होखी : मुख्यमन्त्री यादव

महोत्तरी १५ बैशाख
मधेश सरकार के ओरी से मटिहानी के आगलागी पीडित के खातिर जलदी प्याकेज सहित के राहत व्यवस्थापन करेके मुख्यमन्त्री सरोजकुमार यादव बतवले बानी । शनिचर के दिने मटिहानीस्थित पीडित से भेटघाट के समय मे उ प्रतिवद्धता जनवले बाडन ।
उ कहनी, ‘प्रदेश सरकार अईसन पीडा मे मलम लगावे खातिर तईयार बा । जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति मार्फत क्षति के यकिन विवरण प्राप्त होते मातर मधेश प्रदेश सरकार लक्षित वर्ग के ठोस राहत प्याकेज उपलब्ध कराई । आगलागी पीडितलोग के राहत मे कउनो कसर बाँकी ना राखेके तथा दुःख के ई घडी मे प्रदेश सरकार मटिहानीवासी के साथ मे रही ।’
जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति के ओरी से २० हजार नगद प्रदान
जिल्ला विपद् व्यवस्थापन समिति के ओरी से महोत्तरी के प्रमुख जिल्ला अधिकारी शिवराम गेलाल आगलागी पीडित परिवार के नगद २० हजार के दर से राहत उपलब्ध करवले बाडन ।
वैशाख १३ गते बईठल जिल्ला विपद व्यवस्थापन समिति के आपतकालीन बईठक से अग्निपीडित के तत्काल जनही २० हजार के दर से राहत वितरण करेके निर्णय कईले रहे । उ निर्णय मुताविक उ रोपेया वितरण भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय महोत्तरी जनवले बा ।
वैशाख १२ गते मटिहानी नगरपालिका–६ जरलहवावस्ती मे भईल भिषण आगलागी मे परके १ सय घर पुर्णरुप मे जरके नोक्सान भईल रहे । जिल्ला प्रशासन कार्यालय महोत्तरी के मुताविक आगलागी मे परके ९१ गो कच्ची आ ९ गो अर्धपक्की घर जरल रहे । जउन घटना मे ४ सय ६२ आदमीसब प्रत्यक्ष रुप मे प्रभावित भईल बाडन । स्थानीयलोग घरबास गुमवले बाडन । उलोग अभी सडक आ खेत मे रहत बाडन ।





