हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस मे परीक्षार्थीलोग कईलें तोडफोड

हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस मे परीक्षार्थीलोग कईलें तोडफोड

वीरगंज १६ बैशाख

किलास १२ के जारी परीक्षा मे पर्यवेक्षकलोग अमर्यादित व्यवहार कईल कहत परीक्षार्थीलोग एतवार के दिने वीरगंज के हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस मे तोडफोड कईले बाडन । स्थिति नियन्त्रण मे लेवे खातिर पुलीस परिचालन कईल रहे ।
परीक्षार्थी से मारल ईटापथल से क्याम्पस परिसर मे रहल बस आ मोटरसाइकलसब मे क्षति पुगल बा । क्याम्पस के झ्याल के सिसा भी फुटल बा । तीन जने परीक्षार्थी घायल भईल बाडन ।
आन्दोलनरत परीक्षार्थी के मुताविक अनुगमन के नाम मे उत्तरपुस्तिका छिनेके, पेन गिरला पर भी खडा कर देवेके लगायत के गतिविधि शिक्षकलोग परीक्षा सुरु भईल पहिलका दिन से हि करत आईल रहलन । ‘एतवार के दिने दुसरका दिन के परीक्षा मे भी एहितरे व्यवहार दोहरल,’ एक परीक्षार्थी कहनी, ‘सभी के अगाडि उघार करके घुमावेके जईसन अपशब्द प्रयोग कईल बा ।’
एतवार के परीक्षा बितला के बाद परीक्षार्थीलोग भेला होके क्याम्पस विरुद्ध नाराबाजी करत तोडफोड मे उतरल रहलन । नाराबाजी करत जिल्ला प्रशासन कार्यालय पुगल परीक्षार्थी एतवार के परीक्षा रद्द करेके आ परीक्षा सेन्टर परिवर्तन के माग रखले रहे ।
वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक पुष्कर बोगटी स्थिति तनावग्रस्त बनला के बाद प्रहरी परिचालन कईल बतवनी । केहु के उक्साहट मे आके वीरगंज के एनआई कलेज के विद्यार्थीलोग तोडफोड कईल हरिखेतान बहुमुखी क्याम्पस प्रमुख किशोरी राय बतवनी । तोडफोड से क्याम्पस के भईल क्षति एनआई कलेज से तिरेके राय बतवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।