गहवामाई के निशान (ध्वजा) सहितको डोली यात्रा के हिसाब किताब सार्वजनिक
गहवामाई के निशान (ध्वजा) सहितको डोली यात्रा के हिसाब किताब सार्वजनिक

वीरगंज १६ बैशाख
माईस्थान संचालक समिति बितल बैशाख ४ गते चईती दशहरा के अवसर मे अष्टमी के दिन गहवामाई के निशान (ध्वजा) सहितको डोली यात्रा कार्जक्रम के हिसाब किताब सार्वजनिक कईले बा ।
माईस्थान मन्दिर परिसर मे संचालक समितिद्धारा आयोजना कईल पत्रकार सम्मेलन मे डोली यात्रा कार्जक्रम मे निशान वापत सहजोग आ भक्तजन से मिलल आर्थिक सहजोग रु. ७ लाख ९२ हजार ४२८ रोपेया मिलल संचालक समिति के अध्यक्ष नरेन्द्र कुमार साह बतवनी । एहितरे डोली, निशान, पटा, बाजा, प्रसाद, मन्दिर परिसर मे बत्ति, फूल सजावट पुजा तथा आउर जरुरी खर्च करके रु. ७ लाख ९३ हजार ४८ रोपेया खर्च भईल साह बतवनी ।
साथे अध्यक्ष साह डोली यात्रा मे सहजोग करेवाला जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा, नेपाल पुलीस, सशस्त्र पुली, वीरगंज महानगरपालिका, सञ्चारकर्मी, अनेकन धार्मिक संघ संस्था, नेपाल रेडक्रस सोसाईटी पर्सा, रास्ता मे पानी, जुस वितरण करके फूलपतिले माता के डोली के स्वागत करेवाला लगायत सभी के धन्यबाद ज्ञापन कईले रहनी ।
पत्रकार सम्मेलन मे माईस्थान संचालक समिति के पदाधिकारी, सदस्य, स्थानिय समाजसेवी, अनेकन कार्यालय के प्रतिनिधि लगायत के सहभागिता रहल रहे ।





