एमाले पर्सा के पदाधिकारी मे अध्यक्ष शर्मा के बहुमत

एमाले पर्सा के पदाधिकारी मे अध्यक्ष शर्मा के बहुमत

वीरगंज २३ बैशाख

नेकपा एमाले पर्सा के उपाध्यक्ष सहित के पदाधिकारी मे एक उपसचिव मे नवनिर्वाचित जिल्ला अध्यक्ष डाक्टर विश्वम्भर शर्मा के प्यानल विजयी भईल बा ।
पर्सा मे एमाले के जिल्ला अध्यक्ष मे शर्मा एकरा से पहिले हि निर्विरोध निर्वाचित भइल रहलन आ उपाध्यक्ष सहित के पदाधिकारी चयन के खातिर मतदान भईल रहे । एतवार के सँझिया बितल मतगणना के अन्तिम परिणाम मुताविक उपाध्यक्ष मे मनोज गुप्ता निर्वाचित भईल बाडन । गुप्ता ३२६ मत के साथ उपाध्यक्ष मे निर्वाचित भईला पर उनकर प्रतिस्पर्धी लालबाबु शेख के १६६ मत मात्र मिलल रहे ।
एहितरे सचिव मे भी अध्यक्ष शर्मा के प्यानल के महेश दास २३९ मत के साथ निर्वाचित भईल बाडन । उनकर प्रतिस्पर्धी नवराज शर्मा के २३३ मत मिलल । उपसचिव (खुल्ला) मे नविजान मियाँ २०२ मत के साथ विजयी भईला पर उनकर निकटतम प्रतिस्पर्धी रामकिशोर सिंह पराग के १९१ मत मात्र मिले सकल निर्वाचन समिति जनवले बा । गुप्ता, दास आ मियाँ तीनु जने अध्यक्ष शर्मा प्यानल के हउवन ।
उपसचिव(जनानी) मे सीतादेवी लामा २४६ मत के साथ निर्वाचित भईला पर उनकर प्रतिस्पर्धी गीता भण्डारी २०५ मत मात्र मिलल । लामा शर्मा इतर पक्ष के हउवन । एहितरे लेखा समिति के अध्यक्ष शिवजी गुप्ता २७७ मत के निर्वाचित भईल बाडन । लेखा समिति के उपाध्यक्ष मे गोविन्द प्रताप श्रेष्ठ एकरा से पहिले हि निर्विरोध निर्वाचित भइल बाडन ।
एहितरे जिल्ला कमिटी सदस्य मे अजग कुमार गुप्ता, खुर्रम आलम, प्रदीप यादव, पवन यादव, यशवन्त यादव, अली अकबर अन्सारी, रामप्रसाद यादव, अर्जुन श्रेष्ठ, खड्ग बहादुर श्रेष्ठ, अल्का प्रधान, उर्मिला देवी, अफजल हुसेन, जालिम मियाँ, केशर बहादुर विक, मञ्जु देवी, सिन्धु देवी, सुरेन्द्र पासवान, उद्धव बहादुर उप्रेती, तैयब अन्सारी, सिकन्दर कुर्मी, धर्मशीला कुशवाहा, पूजा बस्नेत, मुना दाहाल, लक्ष्मी पराजुली, सबिता गिरी, प्रदीप चौरसिया, बाबुराम खनाल, विमल पौडेल, विचारी यादव लगायत के निर्वाचित भईल प्रमुख निर्वाचन अधिकृत भोजराज पौडेल बतवनी ।
उपाध्यक्ष सहित के पदाधिकारी आ लेखा समिति चयन के खातिर शुक के रात भईल मतदान मे कूल ५३३ मत गिलल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।