जसपा सरकार मे गईल, पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद् प्रदीप यादव बनलें स्वास्थ्यमन्त्री

जसपा सरकार मे गईल, पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद् प्रदीप यादव बनलें स्वास्थ्यमन्त्री

काठमाण्डु ३१ बैशाख

नवगठित जनता समाजवादी पार्टी के उपमहासचिव भी रहल पर्सा क्षेत्र नं. १ के सांसद प्रदीप यादव स्वास्थ्य तथा जनसंख्यामन्त्री के सपथ लेहले बानी । मन्त्री यादव के राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल पद तथा गोपनीयता के सपथ करवले बानी । उनका सँगे राज्यमन्त्री मे जसपा के हसिना खान राज्यमन्त्री के शपथ लेहले बानी ।
उपेन्द्र यादव सरकार छोडला के बाद जसपा नेपाल से फुटके बनल जसपा सरकार मे प्रवेश कईले बा ।
जसपा, नेपाल विभाजन के बाद अशोक राई नेतृत्व मे बनल जसपा से अभी नवलकिशोर साह सुडी वन तथा वातावरणमन्त्री रहल बाडन । अब जसपा से मन्त्रिपरिषद मे दु मन्त्री आ एक राज्यमन्त्री भईल बाडन ।
जनता समाजवादी पार्टी, नेपाल के अध्यक्ष भी रहल उपप्रधानमन्त्री एवं स्वास्थ्यमन्त्री उपेन्द्र यादव सोमार के दिने हि राजीनामा लेहले रहलन । एहितरे वन तथा वातावरण राज्यमन्त्री दीपक कार्की भी पद से राजीनामा देहले रहलन जसपा मन्त्री मे रञ्जु झा के नाम भी प्रधानमन्त्री के देहले रहे । माकिर उनकर बारेमे टुंगो लागल नईखे । मन्त्रालय खाली ना रहला से कउनो मन्त्रालय खालि करके मात्र उनकर टुंगो लागेके बतावल गईल बा ।
१२ सांसद भईल जसपा नेपाल अध्यक्ष उपेन्द्र यादव विदेश मे रहल समय वैशाख २३ गते विभाजित भईल रहे । सात सांसद सहित अशोक राई नेतृत्व के जसपा के वैशाख २४ गते हि निर्वाचन आयोग दल के मान्यता देहले बा । उपप्रधान तथा स्वास्थ्यमन्त्री भी रहल यादव अब संसद मे पाँच सिट के नेतृत्व करेवाला दल के नेता मे सीमित भईल बाडन । उ पार्टी विभाजन विरुद्ध सोमार के दिने सर्वोच्च मे रिट दायर कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।