डाँका, हत्या लगायत के मुद्धा मे संलग्न गिरी १६ बरीस के बाद पकडईलें
डाँका, हत्या लगायत के मुद्धा मे संलग्न गिरी १६ बरीस के बाद पकडईलें

वीरगंज ०७ जेठ
१६ बरीस पहिले जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के तत्कालीन अधिकृत के गोली मारके हत्या करके फरार रहल अभियुक्त के पुलीस पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका–५ बलुवा के ७२ बरीस के प्रेम गिरी रहल बाडन ।
पकडाईल गिरी २०६५ कुवार २२ गते जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के तत्कालीन शाखा अधिकृत ५२ बरीस के मोहन प्रसाद मैनाली के गोली मारके हत्या कईले रहलन । ओकरा से पहिले २०५७ भादो १२ गते पर्सा के विन्दावासिनी गाँवपालिका–४ के ३० बरीस के देवेन्द्र यादव के घर मे डकैती करेके समय मे गिरी सहित के डाँका समूह यादव के भी गोली मारके हत्या कईले रहलन । मैनाली आ यादव के हत्या करेवाला गिरी हाथहथियार तथा खरखजाना मुद्दा के भी फरार अभियुक्त रहल रहलन ।
दु आदमी के हत्या, डाँका मुद्दा आ हाथहथियार तथा खरखजाना मुद्दा मे अदालत से दोषी ठहर होके सजाय भी तोकल गिरी भारत के भी अनेकन जगहा मे भईल हत्या, चोरी, डकैती लगायत के आपराधिक क्रियाकलाप मे संलग्न रहलन । लम्हर समय से नेपाल प्रहरी के सर्वाधिक खोजी (मोस्ट वान्टेड) के सूची मे रहल गिरी के पुलीस एतवार के दिने पकडले बा ।
विशेष सूचना के आधार मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा से एतवार के दिने खटल पुलीस टोली बलुवास्थित आपन घर मे लुकाके रहल अवस्था मे गिरी के पकडेमे सफल भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक कुमार विक्रम थापा बतवनी ।
पकडाईल गिरी के जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिरासत मे राखके उनका विरुद्ध पर्सा जिल्ला अदालत से म्याद थप अनुमति लेके आउर अनुसन्धान कर रहल थापा जानकारी देहनी ।






