स्वास्थ्य बीमा सम्बन्धि चार दिने आधारभुत तथा पूनर्ताजगी तालिम बितल
स्वास्थ्य बीमा सम्बन्धि चार दिने आधारभुत तथा पूनर्ताजगी तालिम बितल

वीरगंज ०७ जेठ
बारा के कलैया मे स्वास्थ्य बीमा सम्वन्धी चार दिने आधारभुत तथा पूनर्ताजगी तालिम समापन भईल बा । सामाजिक स्वास्थ्य सुरक्षा अन्तर्गत के स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम अन्तर्गत कार्जक्रम के दर्ता सहजोगीलोग के खातिर आधारभुत तथा पूनर्ताजगी पुरा भईल जनावल गईल बा ।
तालिम जिल्ला संयोजक रमेश खनिया के अध्यक्षता मे भईल तालिम मे सहभागीालोग पिछिलका समय मे मधेश प्रदेश मे स्वास्थ्य बीमा करावेवाला के सङ्ख्या क्रमशः बढत गईल बतवले बाडन ।
सरकारी अस्पताल मे ईलाज करईला पर १० प्रतिशत आ निजि अस्पताल मे ईलाज करईला पर २० प्रतिशत खर्च मरेजी से तिरेके पडि आ ओकर बाँकी खर्च बीमा बोर्ड से व्यहोरेके प्रावधान लागु भईला के बाद स्वास्थ्य बीमा करावेवाला के सङ्ख्या बढत गईल बा । मधेश प्रदेश मे स्वास्थ्य बीमा कार्जक्रम मे समावेश होखेवाला के सङ्ख्या क्रमशः बढत जा रहल स्वास्थ्य बीमा बोर्ड मधेश प्रदेश के संयोजक मनोज पौडेल दावी कईनी । उनका मुताविक प्रदेश मे अभी तक स्वास्थ्य बीमा करावेवाला २ लाख ५१ हजार १ सय ७२ परिवार सङ्ख्या पुगल बा ।
सबसे बेसी सिराहा मे १ लाख २२ हजार २७१ पुगल बा आ कम ४० हजार ६ सय ६८ सर्लाही मे रहल बा । एहितरे सप्तरी मे ९४ हजार २० आ धनुषा मे ५४ हजार ९ सय ६७, महोतरी मे ४९ हजार २ सय ५७, रौतहट मे ८३ हजार ६ सय २२, बारा मे ६८ हजार २ सय ३८ आ पर्सा मे ९१ हजार ६ सय २४ जने स्वास्थ्य बीमा करावल बोर्ड के तथ्याङ्क देखवले बा ।
पुराना बिमितलोग मेसे करिब ५८.४९ प्रतिशत से बेसी स्वास्थ्य बीमा नवीकरण करवले बाडन । स्वास्थ्य बीमा मे सहभागी होखे खातिर पाँच जने सदस्य रहल परिवार वार्षिक रु तीन हजार पाँच सय प्रिमियम रकम तिरेके पडि आ पाँच जने से बेसी सदस्य भईला पर एक सदस्य बराबर थप रु.सात सय के दर से वार्षिक प्रिमियम बुझावेके प्रावधान रहल संयोजक पौडेल बतवनी ।
बिमित परिवार के सदस्य बेमार भईला पर रु.एक लाख बराबर के ईलाज शुल्क स्वास्थ्य बीमा बोर्ड अस्पताल के भुक्तानी करत आईल बा । कैयन अस्पताल मे सरकार बिमा वापत के रोपेया समय मे ना देहला पर उ अस्पताल से बिमा के कार्जक्रम हि रोकल अस्पतालसब जनवले बा ।






