पर्सा मे एतवार से दु चरण मे पोलियो विरुद्ध के खोप लगावल जाई

पर्सा मे एतवार से दु चरण मे पोलियो विरुद्ध के खोप लगावल जाई

वीरगंज १२जेठ

जिल्ला मे एतवार से पहिलका चरण अन्तर्गत पोलियो विरुद्ध के (आइपिभी) खोप अभियान सञ्चालन होत बा । जिल्लास्तरीय खोप समन्वय समिति सचिवालय तीन चरण मे करके जिल्ला के ३१ हजार आठ सय १२ जने लईकालईकी के आइपिभी खोप लगावेके तईयारी भईल जनवले बा ।
आइपिभी खोप के विश्वव्यापी कमी भईला पर विसं २०७३ वैशाख से २०७५ कुवार भितर जनमल लईकार्लइकी उ खोप से बञ्चित होखेके परल रहे । उ समय मे जनमल खोप लगावे खातिर छुटल लईकालईकी मे पोलियो लागेके जोखिम रहेके भईला से उलोग के लक्षित करके अभियान देशव्यापीरूप मे अगाडि बढावे लागल बा ।
जिल्ला स्थित स्वास्थ्य कार्यालय के प्रमुख डा मुक्तिनारायण श्रेष्ठ २०७३ वैशाख से २०७५ कुवार भितर जनमल आइभिपी खोप लगावे खातिर बञ्चित रहल लईकालईकी के लक्षित करके अभियान सञ्चालन करे लागल जानकारी देहनी । “तत्कालीन समय मे विश्वव्यापीरूप मे आइभिपी खोप के कमी भईला से बहुते देश के लईकालईकी खोप से बञ्चित होखेके परल”, उ कहनी, “उ समय मे जनमल, खोप लगावेके छुटल लईकालईकी के अभियान मे सहभागी करावे खातिर गारजियन के निहोरा कईल जाता ।”
कार्यालय के जनस्वास्थ्य अधिकृत जमोदप्रसाद ठाकुर आइपिभी खास करके लईकालईकी के दायाँ पाखुरा के उपरला भाग मे मासु भितर शून्य दशमलव पाँच मिलिलिटर के मात्रा देवेके जानकारी देहनी । “आइपिभी खोप ढुवानी तथा भण्डारण दु डिग्री सेल्सियस से आठ डिग्री सेल्सियस मे राखेके बा”, उ कहनी, “पोलियो विरुद्ध के खोप दु किसिम के बा । मुह से खियावके (ओपिभी) आ सुई से देवेवाला आइपिभी ह ।”
जनस्वास्थ्य अधिकृत ठाकुर पर्सा मे खोप अभियान तीन चरण मे सञ्चालन करेके बतवनी । “खोप लगावेके छुटल उमिर समूह के लईकालईकी के तीन चरण के अभियान मे सहभागी करावेवाला किसिम से तईयारी कईल गईल बा”, उ कहनी ।
खोप समन्वय समिति सचिवालय के मुताविक पहिलका चरण मे जेठ १३ गते से १६ गते तक वीरगंज महानगरपालिका–१ से वार्ड नं १६ तक, बहुदरमाई नगरपलिका के साथे विन्दबासिनी, पकहामैनपुर, छिपहरमाई, कालिकामाई, धोविनी आ ठोरी गाँवपालिका मे खोप अभियान सञ्चालन कईल जाई ।
दुसरका चरण मे पोखरिया आ पर्सागढी नगरपालिका तथा जिराभवानी, जगरनाथपुर, पटेर्वासुगौली आ सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका मे अभियान सञ्चालन होखी । तिसरका चरण मे जेठ २३ गते से २६ गते तक वीरगंज–१७ से ३२ नं वार्ड क्षेत्र मे खोप लगावेवाला जनस्वास्थ्य अधिकृत ठाकुर जानकारी देहनी । उनका मुताविक तीन चरण मे भवानी अस्पताल लिङ्करोड आ वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल बहुअरी मे खोप लगावल जाई ।
खोप अभियान मे सात सय आठ जने खोप कार्यकर्ता, स्वयंसेवक एक हजार चार सय १६ जने खटल जाई । एहितरे एइएफआई एक सय १२ जने स्वास्थ्यकर्मी के साथे नारायणी अस्पताल के तीन जने चिकित्सक भी तईयारी अवस्था मे रहेके ठाकुर बतवनी ।
जिल्ला खोप समन्वय समिति के अध्यक्ष नीरञ्जनप्रसाद सोनार खोप अभियान मे कउनो भी किसिम के गलती आ कमजोरी ना करे खातिर स्वास्थ्यकर्मी, खोप कार्यकर्ता, स्वयंसेवक के निहोरा कईनी । “सचिवालय अभियान के सुक्ष्मरूप मे अनुगमन करी । अनुगमन के समय मे कउनो गलती भा कमजोरी मिलला मे तत्काल कारबाही के सिफारिस सङ्घीय तथा प्रदेश मन्त्रालय मे पठावल जाई”, उ कहनी ।
अभियान के स्वच्छ, सुरक्षित आ भरपर्दाे तरिका से अगाडि बढावेके बात मे जोड देत अध्यक्ष सोनार आपन लईकालईकी के पायक परेवाला जगहा मे लेजाके खोप लगावेके काम मे सहजोग करे खातिर अभिभावक के निहोरा कईनी । मधेस प्रदेश मे दु लाख ९२ हजार ९ सय ५९ जने के उ खोप लगावेके लक्ष्य राखल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।